रौतहट मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या १४ पुगल

रौतहट २५ वैशाख
रौतहट मे कोरोना भाइरस के दुसरका लहर से मृत्यु होखेवाला के संख्या १४ पुगल बा ।
ईलाज के समय मे रहल आउर दु जने के शनिचर के दिने मृत्यु भईला सँगे मृत्यु होखेवाला संक्रमित के संख्या १४ पुगल बा ।
नारायणी अस्पताल वीरगंज मे गौर नगरपालिका–९ के ५५ बरीस के पुरुष आ गौर अस्पताल मे राजपुर नगरपालिका– के ६० बरीस के पुरुष के ईलाज के समय मे शनिचर के दिने मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा । वैशाख १३ से २५ गते तक रौतहट के १४ जने संक्रमित ज्यान गुमावल प्रशासन जनवले बा ।
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे रौतहट मे ४८ जने संक्रमित थपाईल बाडन । गौर अस्पताल के पीसीआर ल्याब मे सय जने के परीक्षण कईला पर ४८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नयाँ संक्रमित मेसे १२ जने गौर नगरपालिका के बाडन ।






