आर्दश कोतवाल गा.पा. मे योजना अधुरा रहला पर भी भुक्तानी देहल गईल आरोप

प्रभु यादव

बारा १८ जेठ
बारा जिल्ला के आर्दश कोतवाल गाँवपालिका के अधिकांश योजनासब अधुरा रहला पर भी भुक्तानी हो रहल दाबी कईल गईल बा ।

आर्दश कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ रुपौलिया मे नेपाली काँग्रेस आर्दश कोतवाल मे पत्रकार सम्मेलन करके अईसन जानकारी देहले बाडन ।

रुपौलिय के पोखरा के निर्माण तथा सरसफाई हि ना करक उपभोक्ता समिति २१ लाख २५ हजार रोपेया निकालल आरोप काँग्रेस के रहल बा ।

अख्तियार मे रुपौलिय के पोखरी लगायत पालिका के आउर बिषय समेट के २०७६ साल कातिक १८ गते अख्तियार के कार्यालय हेटौडा मे निवेदन दर्ता करके छानबिन के माँग कईले रहलन माकिर अभी तक मुद्धा बिचराधिन अवस्था मे रहला मे पोखरा फेनु खोनेके काम गलत रहल रुपौलिय के दिनेश यादव बतवनी ।

पोखरा निर्माण तथा सरसफाई समिति के अध्यक्ष चन्द्रदेव गिरी अख्तियार से पोखरा सरसफाई करे खातिर आदेश देहल मुताविक आपन ब्यक्तिगत ५ लाख के लगानी मे सरसफाई कर रहल उनकर दाबी बा ।

२०७६ असार १० गते परिषद पुरा भईल दाबी कईल आ तत्कालिन निमित प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत शिवपुजन यादव च. नम्बर १०६ के पत्र मुताविक २०७६ साल कुवार १७ गते आर्थिक बरीस २०७६÷७७ के परिषद कईला के अध्यक्ष के नाम मे पत्र काटला से ओमे रहस्य रहल पत्रकार सम्मेलन मे कहल गईल बा । ओहिसे आर्थिक बरीस २०७४, ०७५, ०७६ आ ०७७ के सभी योजनासब के अनुगमन निरिक्षण सरोकारवाला निकायसब से कईल जरुरी रहल बात मे जोड देहल गईल रहे ।

नागरिक के खातिर एम्बुलेन्स भडा मे चलावेके, जननिर्वाचित प्रतिनिधिलोग के खातिर महगा गाडी किनल, दलित अवास निर्माण मे भी पार्दशिता ना भईल, पालिकासब मे माटी घर के ग्राभेल मे भी मापडण्ड बिपरित काम कईल उ पत्रकार सम्मेलन मे शिवनाथ महतो आरोप लगवले रहनी ।

एहितरे ईलका प्रहरी कार्यालय मे निर्मानाधिन दुर्गा मन्दिर, ब्रम्हबाबा के कंपाउण्ड बनावेके, चिउटाहा के पोखरा मे बन रहल सूर्य नारयण भगवान के मन्दिर, स्वास्थ्यचौकी चिउटाहा मे रहल मन्दिर के जमिन के हिसाब किताब पारदर्शी ना कईल, कर्मचारी नियुक्ति नियम विपरित कईल महतो आरोप लगवले बानी ।

आर्दश कोतवाल गाँवपालिका के अध्यक्ष शेख मुस्तुफा योजन के सभी कामसब नियमसंगत, प्रक्रिया मे गईल दाबी करत समाजिक सुरक्षाभता मे लकडाउन के बाध्यता अनलाईन फर्म भरेमे समस्या आ वार्ड अध्यक्षलोग समय मे डाटा ना देहला से समय मे समाजिक सुरक्षाभता देवे ना सकल पालिका के कमजोरी भईल स्वीकार करत कुछ आदमीसब बिकास के काम मे राजनितिक पुर्वाग्राही से रोकेके खोजल बतवनी ।

नेपाली काँग्रेस के कुछ आदमीसब के उपभोक्ता समित के राख के काम अगाडी बढावल बतावत पालिका के कउनो भी परिषद बहुमत के अधार मे ना करके निर्वाचित ४४ जने के सहमति मे हि कईल अध्यक्ष मुस्तुफा के दावी रहल बा ।

पत्रकार सम्मेलन मे मेदनी मण्डल धानुक, राधव यादव, शोभी मण्डल, जमुना गुप्ता, दिनेश पटेल, हरेन्द्र साह, सत्य नारयण यादव, शिवनाथ महतो, रामेश्वर यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।