पिसान मे लुका के लागूऔषध ढुवानी करेवाला दु जने पकडईलें

वीरगंज १६ माघ
वीरगंज महानगरपालिका–१९ बर्वा से १८ सय एम्पुल लागूऔषधसहित दु जने पकडाईल बाडन । पकाहामैनपुर गाँवपालिका–१ धोरे रहेवाला २८ बरीस के जलन्धर दास आ २० बरीस के जयप्रकाश मेहता के पुलीस पकडले बा । जलन्धर अटो के चालक हउवन आ जयप्रकाश अटो मे सवार रहलन ।
इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के टोली ना १ ह ४६४४ नम्बर के अटो चेकजाँच कईला पर लागूऔषध बरामद कईले रहे । अटो मे अवैध कारोबार हो रहल सूचना मिलल पुलीस अटो के निगरानी मे रखले रहे ।
उहे समय मे बियफे के रात पिसान के बोरा भितर आ कपडा के झोरा मे लुकाके राखल अवस्था मे फेनारगन, नुर्फिन आ डाइजेपाम बरामद भईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक दिपक थापा जानकारी देहनी ।
उलोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख के लागूऔषध कसुर सम्बन्धी मुद्दा मे आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।






