राष्ट्रिय मुद्दा मे दलीय एकता जरुरी :सांसद

काठमाण्डु १८ जेठ
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक के शुन्य समय मे सांसदलोग राष्ट्रियता के पक्ष मे प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली काँग्रेस शनिचर के दिने कईल निर्णय सकारात्मक रहल बतवले बानी ।
उलोग राष्ट्रिय मुद्दा मे दलीय एकता जरुरी रहल आ दलगत स्वार्थ से उपर उठ के व्यवहार प्रदर्शन भईला मे सन्तोष व्यक्त करत कोभिड–१९ के सङ्क्रमण विरुद्ध लडेमे भी आमसहमति मे जोड देहनी ।
शनिचर के दिने बईठल काँग्रेस के केन्द्रीय कार्यसमिति बईठक से सरकारद्वारा प्रस्तुत संविधान संशोधन प्रस्ताव के पक्ष मे मतदान करेके निर्णय कईले रहे ।
बईठक से सरकारद्वारा प्रस्तुत संविधान संशोधन प्रस्ताव के पक्ष मे मतदान करे खातिर पार्टी के संसदीय दल के निर्देश करेके निर्णय कईले रहे ।
काँग्रेस लिम्पियाधुरा, लिपुलेक आ कालापानी क्षेत्र नेपाल के भूभाग भईल आ ओमे निर्वाधरूप से नेपाल के हक स्थापित होखेके अडान दोहरईले बा ।
बईठक मे सांसद विनाकुमारी श्रेष्ठले राष्ट्रियता के पक्ष मे खडा होखेके काँग्रेस के निर्णय सकारात्मक रहल आ ई विषय मे संसद् मे रहल दल एकताबद्ध होके अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।
सांसद हरि अधिकारी राष्ट्रिय विषय मे दलगत स्वार्थ से उपर उठ के राष्ट्रिय स्वार्थ के साथ एके जगहा मे खडा होखेके निर्णय अपने मे महत्वपूर्ण रहल बतवनी ।
सांसद विरोध खतिवडा राष्ट्रियता एकता प्रदर्शन भईला मे प्रतिपक्षी दल के धन्यवाद देत कूटनीतिक पहलमार्फत सीमा विवाद समाधान करेके बतवनी ।
उ कालापानी–लिम्पियाधुरा–लिपुलेक क्षेत्र मे भारत एकतर्फीरूप मे सडक निर्माण करके उद्घाटन भी भईल आ उहाँ सार्वजनिक यातायात भी सञ्चालन करेके तइयारी कईल कहके जानकारी अईला से ओकरा के रोके खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद शान्तिमाया तामाङ पाख्रिन राष्ट्रियता उपर काँग्रेस के समर्थन सराहनीय रहला से आवेवाला दिन मे आउर राष्ट्रिय हित के सवाल मे एकताबद्ध होके अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।
सांसद सुरेन्द्रकुमार कार्की भारत मे रहल नेपाली अनेकन नाका से फिर्ता होखेके समय बढ रहला से उलोग के नाका से व्यवस्थितरूप मे आपन आपन गाँव तथा थातथलो मे पुगावे के माग कइनी ।
सांसद लालबाबु पण्डित स्थानीय तह क्वारेन्टिन व्यवस्थापन करे ना सकल आरोप लगावत सङ्घीय सरकार के आउर सहजोग करेके माग कइनी ।
सांसद बिन्दा पाण्डे क्वारेन्टिन मे भी जनानी हिंसा के घटना बढला से दोषी के कानूनी दायरा मे लियावे के माग कइनी ।
सांसद शशि श्रेष्ठ बन्दाबन्दी से अर्थतन्त्र धराशायी बनल बतावत एकरा के क्रमशः सहज बनाके जनजीवन सहज बनावे के बतवनी ।
सांसद शान्ता चौधरी प्रेम के चलते मृत्यु तक पुगल रुकुम घटना अपराधजन्य चर्चा करत दोषी के कारवाही करेके माग कइनी ।
सांसद सत्यनारायण शर्मा खनाल कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर परीक्षण के दायरा बढाके सम्बन्धित क्षेत्र मे स्वास्थ्य सामान के प्रबन्ध मिलावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद सत्या पहाडी रुकुम घटना मानव जेतना कुरुप घटना भईल बतावत बेपत्ता के खोजी करके दोषी उपर कडा कारवाही करेके तथा पीडित पक्ष के राहत उपलब्ध करावेके माग कइनी ।
सांसद सुदन किराँती पूर्व के भोजपुरलगायत पहाडी जिल्ला मे कोभिड–१९ के परीक्षण दायरा बढाके स्वास्थ्य सामान के व्यवस्था करे खातिर सङ्घीय सरकारसमक्ष माग कइनी ।






