दया फाउन्डेशन तथा भीसीएन संस्था जीराभवानी ५ मे राहत बँटलख

मेघराज राय

जीराभवानी १९ जेठ

पर्सा जिल्ला के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ के शंकरसरैया मे रहत आईल सुकुमबासी, बिपन्न गरीब मुसहर (माँझी), चमार तथा पासवान ७५ घर परिवार के राहट बाँटल गईल बा ।

आजु लकडाउन के ७० वाँ दिन बितला पर भी नेपाल मे तीन तह के सरकार मेसे कउनो भी सरकार के उपस्थित ना देखला पर उहाँ के अवस्था अभी दयनित रहला से बिपन्न, गÞरीब सुकुमबासी घर परिवारसब के ल्च्ल् के आईसिसि सदस्य अरुण कुमार ठाकुर, बीरगंज लक्ष्मणवा के सहजोगी युवा हरीनारायण शाह तथा दया फाउंडेशन आ भी.सी.एन.संस्था के आर्थिक सहजोग मे सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारू के संयोजन मे स्थानीय युवालोग संजय चौधारी, महेश दहैत, बिनोद राउत लगायत के सहजोग मे राहत बाँटल गईल बा ।

ई सभी जने ज्याला मजदूरी मात्र करके आपन घर परिवार के खाना के व्यवस्था करेलन माकिर अभी के महामारी के समय निषेधाज्ञा तथा लकडाउन के समय मे चाह के भी ज्याला मजदुरी करे सकत नइखन ।

आजु तक केहु राहत के नाम मे एक चम्चा नून भी वितरण नइखन कईले ओहिसे अब ईलोग के कोरोना से बेसी भुखमरी के चपेटा मे पडिहन कहत उलोग के राहत के व्यवस्था करके बाँटल गईल भी.सी.एन.के अध्यक्ष दीपक चापागई तथा उपाअध्यक्ष राधा मतांगी बतवले बानी ।

उ गाँवपालिक के वार्ड नं ५ के हरैया, सखुवनीया के विपन्न बर्गलोग के अभी तक राहत ना मिलला से समस्या मे पडल बाडन ।

बाँटल गईल सामान मे प्रति परिवार के चाउर १५ किलो, दाल १ किलो, खानेतेल आधा लिटर, आलु २ किलो, पियाज १ किलो, नुन १ किलो आ साबुन २ पिस बाँटल गईल समाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।