स्व. मुकेश चौरसिया के श्रद्धाञ्जली सभा स्थगित
वीरगंज २५ कातिक
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल “प्रचण्ड” स्व. मुकेश चौरसिया के कातिक २६ गते होखेवाला श्रद्धाञ्जली सभा मे सहभागी ना होखे सकेके बतवले बाडन ।
उ कोरोना महामारी आ राष्ट्रिय राजनीति मे उत्पन्न समस्या के चलते खुद प्रमुख अतिथि के रुप मे सहभागी होखेके भइला पर भी होखे ना सकेके अवस्था अईला के बाद विन्दवासिनी गाँवपालिका कमिटी के आजु एगो पत्र लिखत जानकारी करवले बानी ।
अईसन जानकारी अईला के बाद आयोजक श्रद्धाञ्जली सभा कार्जक्रम स्थगित भईल जनवले बाडन ।
नेकपा विन्दवासिनी गाँवपालिका कमिटी के अध्यक्ष विक्रम चौरसिया आजु एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी करत स्व. चौरसिया के श्रद्धाञ्जलीसभा दशो हजार के जनसहभागीता मे होखेके निश्चित भईला पर भी अध्यक्ष प्रचण्ड के सल्लाह मे श्रद्धाञ्जली कार्जक्रम स्थगित कईल जानकारी देहले बानी ।
अध्यक्ष चौरसिया ई निर्णय से स्व. चौरसिया के पिडित परिवार, कार्यकर्तापंक्ति, समर्थक, शुभचिन्तक, सहजोगी एवं आम जनमुदाय समक्ष क्षमायाचना कईल विज्ञप्ति मे उल्लेख रहल बा ।





