नागरिक के खाद्य अधिकार सुनिश्चित करेके माग

काठमाण्डु २० जेठ

राष्ट्रियसभा के बईठक सांसद से कोरोना भाइरस के रोकथाम नियन्त्रण करत नागरिक के खाद्य अधिकार सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर सुझाव देहले बानी ।

राष्ट्रियसभा के आजु के शून्य समय मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के इन्दु कडरिया कोरोना भाइरस के जोखिम से बँचावे खातिर कईल बन्दाबन्दी मे नागरिक आर्थिक संकट के साथे खाद्यान्न्न ना मिलल बतवनी ।

बन्दाबन्दी के समय मे पईसा ना भईला से खाना किनेमे समस्या बा, नागरिक के खाद्य सुरक्षा करत आर्थिक धराशायी होखेसे बँचावे के पडि”, कहत सांसद कडरिया,“कोराना से बँचावत नयाँ रणनीति बनाके जनजीवन सामान्य बनावेके पडि ।”

नेकपा के कोमल ओली प्रदेश नं ५ के १२ जिल्ला मेसे १० जिल्ला मे ६४२ सङ्क्रमित हो चुकल आ दाङ मे ६ हजार क्वारेन्टिन मे रहल उल्लेख करत कोरोना भाइरस के परीक्षण के खातिर जरुरी स्वास्थ्य उपकरण के व्यवस्था मिलावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

उहे दल के उदया शर्मा पौड्याल कोरोना महामारी के समय संसद् सचिवालय लगायत सभी क्षेत्र मे काम करेवाला कर्मचारी के मनोबल उच्च बनावे खातिर सुझाव देहनी । उ विपद् के समय मे रोजीरोटी कटौती करेवाला किसिम से कर्मचारी कटौती करेके ना होखी कहके बतवनी ।

नेकपा के खिमकुमार विक रकुम (पश्चिम) के घटना के विषय मे सरकार से बनावल उच्चस्तरीय अनुसन्धान समिति के सत्यतथ्य सार्वजनिक करे खातिर ध्यानाकर्षण करवनी ।

उहे दल के चक्रप्रसाद स्नेही छोट समय मे देशभर हि दलित उपर बर्बरतापूर्ण घटना भईल जनावत ओकरा ओरी सरकार के ध्यान देवे खातिर निहोरा कइनी ।

नेपाली कांग्रेस के तारादेवी भट्ट सुदूरपश्चिम मे कोरोना भाइरस के जोखिम बढत गईल माकिर स्वास्थ्य सामान कम भईला से ओकर व्यवस्था करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।