व्यापारी पिटेवाला दु पुलीस प्रदेश कार्यालय मे

जनकपुरधाम २२ जेठ

लकडाउन उल्लंघन करके दोकान खुलल कहत जनकपुरधाम के व्यापारी पिटपाट करेवाला दु जने पुलीस, प्रदेश प्रहरी कार्यालय तानाईल बाडन ।

घटना के बारे मे छानबिन करे खातिर दुनु जने पुलीस के प्रदेश प्रहरी कार्यालय तानल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआइजी धीरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।

प्रदेश प्रहरी कार्यालय तानाएवाला मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा मे कार्यरत प्रहरी सहायक निरीक्षक (असई) मेरुलाल गुप्ता आ जवान दीपक यादव रहल बाडन ।

घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान करे खातिर प्रदेश प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता भी रहल प्रहरी उपरीक्षक जयराज सापकोटा के नेतृत्व मे छानबिन समिति गठन कईल डीआईजी सिंह बतवनी ।

जनकपुरधाम के जानकी चोक मे गीता गिफट हाउस सञ्चालन करत आईल व्यापारी श्याम चौधरी आ उनकर बाबु झगरु चौधरी के पुलीस बियफे के दिने पिटल भिडियो सार्वजनिक भईल बा ।

एहितरे रौततहट के राजपुर नगरपालिका ९ बैरियास्थित बडका मदरसा के क्वारेन्टिन मे स्वास्थ्यकर्मी पिटेवाला मेसे एक जने के पुलीस आजु पकडले बा ।

प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के संयुक्त टोली स्वास्थ्यकर्मी पिटेवाला घट्ना के मुख्य आरोपी रुस्तम मियाँ के पकडले बा । उ राजपुर नगरपालिका ९ के बासिन्दा हउवन् । उनका के गाँव से हि पकडल गईल बा ।

स्वास्थ्यकर्मी के पिटेवाला आउर तीन जने फरार रहल आ उलोग के खोजी हो रहल प्रदेशका प्रहरी प्रमुख डीआइजी धीरजप्रता सिंह बतवनी ।

उलोग के पिटाई से सिनियर अहेव खुर्सीद आलम आ रामनरेश साह घायल भईल रहलन । आलम के मुडि फुटल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।