प्रहरी आ वार्ड अध्यक्ष के किचकिच आ दबाव सहे ना सकला के बाद लडकी कईली आत्महत्या, दोषी उपर कारवाही के माग

प्रहरी आ वार्ड अध्यक्ष के किचकिच आ दबाव सहे ना सकला के बाद लडकी कईली आत्महत्या, दोषी उपर कारवाही के माग

प्रभु यादव

बारा १२ चईत

महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर ६ बबुआईन मे एगो लडकी आत्म हत्या कईले बाडी ।

बरियापुर प्रहरी चौकी के असई दलबहादुर श्रेष्ठ आ महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर ६ के वार्ड अध्यक्ष गेना राउत अहिर के किचकित आ दवाव के चलते बाध्य होके लडकी आत्म हत्या कईल घरपरिवार के कहनाम रहल बा ।

फागुन १३ गते घरायसी वादविवाद के लेके लडकी के बाबू रामअधिन प्रसाद चौरसिया आ रामानन्द यादव के विच झै–झगडा भईल रहल रहे । झगडा के बाद रामानन्द प्रहरी मे जाहेरी देहलन ओकरा बाद प्रहरी खोजला पर चौरसिया घर छोड के बाहर गईल रहलन । हरेक दिन पुलीस आ वार्ड अध्यक्ष यादव हमर लडकी के बाबू आ माई कहाँ गईल बा बोलाव ना त ठिक ना होई लगायत के अनावश्यक दवाव सहे ना सकला पर बाध्य होके डोरी से फाँसी लगा के १६ बरीस के लडकी गुन्जा कुमारी आत्म हत्या कईल चौरसिया बतवले बानी ।

अपने पुलिस के डर से घर बाहर रहल समय मृत्क लडकी, १२ बरिस के कृषनन्दन चौरसिया लडका आ २० वरिस के लडकी घर मे रहत रहल चौरसिया बतवले बानी । छोट–छोट बच्चा रहल समय मे प्रहरी आ वार्ड अध्यक्ष गारजियन के बोलाव कहके दवाव देहत आईला से सहन ना कर के आत्म हत्या करे पुगल चौरसिया के दावी रहल बा ।

लडकी चौरसिया एसईई परीक्षा महागढीमाई नमुना प्राविधिक महेनङ मावि मे सेन्टर रहल जवना मे देहत रहली ।

ग्रेड वृद्धि के खातिर एसईई परीक्षा देहत रहल गारजियन चौरसिया जानकारी करवले बानी । एतवार के दिन अनिवार्य गणित विषय के परीक्षा देहले रहली आ मंगलवार के विज्ञान विषय के परीक्ष रहल माकिर रात मे ही फाँसी लगा के मृत भईल रहली ।

दोषी रहल प्रहरी आ वार्ड अध्यक्ष के कारवाही के माग करत गुन्जा के लास भरत चौक पर राख के प्रदर्शन सहित के नारा लगवले रहलन ।

प्रहरी चौकी बरियारपुर के ईन्चार्ज दलबहादुर श्रेष्ठ आपने फागुन के करिब १३ गते ओर जिल्ला प्रहरी कार्यालय से दुनु ओर के जाहेरी के पत्र आईला जवना के कार्यालय मे उपस्थित करावेला आईल जानकारी करावे गईल रहनी जेकरा वाद ना गईल कहत अपना पर झुठमुठके आरोप लगा रहल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।