प्रदेश २ मे २२ जने कोरोना संक्रमित थपईलें

वीरगंज २३ जेठ,

पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश नं २ मे २२ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।

संक्रमित होखेवाला मे ३ आ ९ बरीस के लईका, एक जनानी आ आउर १९ जने पुरुष बाडन ।

धनुषा मे ४ जने, महोत्तरी ९ जने, रौतहट मे ६ जने आ बारा मे ३ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टी भईल प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

धनुषा के जनकपुर उपमहानगरपालिका–२० देवपुरु रुपैठास्थित जनता माध्यमिक विद्यालय मे देवपुरा के क्वारेन्टिन मे रहल ३ जने आ जनकपुर मे रहत आईल एक पुरुष मे संक्रमण देखल गईल बा ।

महोत्तरी के मटियानी नगरपालिकास्थित लक्ष्मीनारायण याज्ञवल्क्य सँस्कृत क्याम्पस क्वारेन्टिन के ८ जने आ सोनमा गाँवपालिका के एक जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका–३ मठिया माध्यमिक विद्यालय के क्वारेन्टिन मे रहल एक जनानी, ३ आ ९ बरीस के लईका, ईशनाथ–२ स्थित गंगा जमुना बोर्डिङ स्कुल मे २ जने, गजुरा नगरपालिका–६ स्थित खतबैया मदरसा क्वारेन्टिन मे एक जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।

बारा के बारागढी गाँवपालिका मे २ जने आ विश्रामपुर गाँवपालिका मे एक जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।

प्रदेश मे १८ जने कोभिड–१९ के शंकास्पद संक्रमित के ईलाज हो रहल बा । सिराहा के सिराहा नगरपालिकास्थित कोभिड विशेष अस्पताल मे ५ जने, प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर अन्तर्गत के कोभिड अस्पताल मे ४ जने, महोत्तरी के जलेश्वर अस्पताल मे ८ जने आ पर्सा के पोखरिया स्थित अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । प्रदेश २ मे अभी तक १ सय २३ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके घर गईल बाडन ।

सप्तरी से १ जने, धनुषा से ५ जने, महोत्तरी से ३ जने, सर्लाही से १ जने, रौतहट से ३ जने, बारा से ९ जने, पर्सा से ९६ जने आ आउर जिल्ला स्थायी ठेगाना होके ई प्रदेशम मे रहेवाला तथा पडोसी देश भारत के नागरिकलोग सहित ५ जने ईलाज के बाद ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।