वातावरणमैत्री विकास जरुरी : मुख्यमन्त्री गुरुङ

पोखरा, २३ जेठ
गण्डकी प्रदेश के मुख्यमन्त्री पृथ्वीसुब्बा गुरुङ पर्यटकीय नगरी पोखरा के उद्यान के शहर के रूप मे विकास करेके बात मे जोड देहले बानी ।
४७ वाँ विश्व वातावरण दिवस के अवसर मे पोखरा महानगरपालिका वार्ड नं ३, ४ आ ९ के सङ्गमस्थल पालिखेचोक मे निर्मित उद्यान मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ पोखरा के वातावरणमैत्री विकास जरुरी रहल बतवले बानी ।
पोखरा के मनोरम प्राकृतिक सौन्दर्यता इहाँ के वातावरणीय स्वच्छता के उपज भी रहल बतावत उ वातावरण संरक्षण करत पर्यापर्यटन के विकास करेके जरुरत रहल बतवनी ।
पोखरा के सुन्दरता के भावी पुस्ता तक पुगावे खातिर भी वातावरण संरक्षण के विकल्प ना भईल उल्लेख करत उ सभी के सामूहिक प्रयास मे एकर संरक्षण आ विकास करेके बिचार रखनी ।
देश के पर्यटकीय राजधानी के रूप मे रहल पोखरा मे चौडा सडक, पार्क निर्माण मे सामूहिक प्रयास के जरुरत रहल बतावत उ ओईसन विकास निर्माण मे सरकार निर्मम होके लागेके बात मे जोड देहनी ।
पोखरा मे अन्तर्राष्ट्रियस्तर के सेमिनार हल निर्माण करे खातिर जमिन के खोजी हो रहल उल्लेख करत उ ओकरा खातिर सङ्घ, प्रदेश आ स्थानीय सरकार के सहकार्य जरुरी रहल बतवनी ।
पोखरा महानगरपालिका के प्रमुख मानबहादुर जिसी महानगर के सौन्दर्यकरण करेके उद्देश्य से उ जगहा के चक्दाबन्दी करेमे सफल भईल आ महानगर एक बरीस के समय मे परिणाम देखेवाला किसिम से काम कररहल जानकारी देहनी ।
पोखरा महानगरपालिका वार्ड नं ४ शङ्कर बाँस्तोला के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे महानगर के इञ्जीनियर बाबुराम भण्डारी पार्क निर्माण के गतिविधि के बारे मे जानकारी देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे उ जगहा मे रहल घर हटावे के आ जमिन किने मे महानगरपालिका रु दु करोड ७३ लाख आ पार्क निर्माण मे रु ६३ हजार लगानी कईले बा ।






