वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के हवलदार पटेल बर्दी के दुरुपयोग करत बाडें

वीरगंज २५ जेठ,
वीरगंज मे वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के टोली आतंक हि मचावल कहत चौतर्फि बिरोध होखे लागल बा ।
वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के टोली कभो चिकित्सक, कभो स्वास्थ्यकर्मी, कभो बैंकर्स, कभो सञ्चारकर्मी त कभो सर्वसाधारण के बिना कारण लकडाउन के बहाना बनावत पिटपाट करे लागला से स्थानियलोग आजु बिरोध कईले रहलन ।
एतवार के दिने दिनके करिब ३ः३० बजे के समय मे वीरगंज के गहवा स्थित मिना बजार कम्पलेक्स पछाडि कुछ आदमीसब तरकारी तथा फलफुल विक्रि वितरण करत रहलन ।
उहे समय वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी नायब निरिक्षक गजानन्द साह के नेतृत्व मे रहल पुलीस टोली उहाँ आवते मातर सभी तरकारी व्यपारीलोग भाग गईलें । माकिर उहे जगहा मे करिब ८०÷८५ बरीस के एक बुढ रहलन । उ भागे ना सकनी ।
प्रनानि साह के नेतृत्व मे रहल हवलदार के.पी. पटेल आ सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र मिनाबजार के प्रहरी सहायक निरिक्षक बिवेक जैसवाल उ बुढ के घिसियावत पुलीस भ्यान मे राखेके खोजले रहलन ।
ओतने मे उहाँ पुगल कुछ सञ्चारकर्मीलोग फोटो तथा भिडियो लेवेके खोजला पर प्रहरी हवलदार पटेल अपशब्द प्रयोग करत लाठ्ठी से मारेके प्रयास भी कईले रहलन ।
“अपनेलोग के फोटो तथा भिडियो करेके आदेश के देहले बा, हमनी के मात्र गलत देखावे के काम करत बानी” कहके सञ्चारकर्मीलोग उपर अपशब्द प्रयोग कईला के बाद सञ्चारकर्मीलोग से कुछ देर बादबिवाद भी भईल रहे ।
उ घटना के बाद उहाँ के स्थानियलोग पुलीस विरुद्ध बिरोध प्रदर्शन भी कईले रहलन ।
पुलीस के १००÷२०० रोपेया तथा तरकारी देवेवाला व्यापारीलोग के कुछु ना करेके माकिर गाँव से आईल सोझासाझा किसानलोग के पुलीस दुःख देरहल किसानलोग के आरोप रहल बा ।
अभी वीरगंज मे जोर बिरोर प्रणाली मुताविक लकडाउन के सहज बनावल गईल बा । माकिर पुलीस प्रशासन बिना कारण सर्वसाधारण आदमीसब के मानसिक तनाव देरहल स्थानियलोग के कहनाम रहल बा ।
उ घटना के बारेमे वडा प्रहरी कार्यालय बिता के प्रहरी निरिक्षक निर्मल पनेरु से बुझला पर सञ्चारकर्मी उपर कईल अभद्र व्यवहार तथा कउनो भी सर्वसाधारण उपर खुदसब ज्यादती ना करेके कहत माफी मागत आवेवाला दिन मे ओईसन घटना होखे ना देवेके आ घटना मे संलग्न पुलीस के सम्झावे के बतवनी ।






