एम्बुलेन्स मे लागूऔषध चरेस तस्करी करेवाला तीन जने पकडईलें

जनकपुरधाम २५ जेठ
सर्लाही मे एम्बुलेन्स के भितर लागूऔषध राखल मिलल बा ।
८ किलो चरेश लोड करके भारत ओरी लेजाए के समय मे सर्लाही के मलंगवा नगरपालिका से एम्बुलेन्स सहित तीन जने के नियन्त्रण मे लेहल सर्लाही पुलीस जनवले बा ।
मलंगवा नगरपालिका ८ स्थित झिलमिलीयामाई मन्दिर के रास्ता होके भारत ओरी जा रहल एक आदमी के साथ से ८ किलो चरेश बरामद भईला के बाद उ चरेश एम्बुलेन्स मे लोड करके भारत ओरी लेजाए के खोजल योजना सार्वजनिक भईल बा ।
मलंगवा ८ के रामदुलार राय के ८ किलो चरेस सहित पकडल गईल बा ।
उनका सँगे पुछपाछ कईला पर ज १ च १४०७ नम्बर के एम्बुलेन्स चालक मोहन राय यादव समेत एम्बुलेन्स मे राख के भारत ओरी पुगावे खातिर कहके बयान देहल सर्लाही प्रहरी के प्रबक्ता मदन कुँवर जानकारी देहनी ।
ओकरा बाद चालक यादव आ उनकर सहजोगी नथुनी ठाकुर के नियन्त्रण मे लेके एम्बुलेन्स के तलासी कईला पर १ सय ३५ ग्राम चरेस मिलल कुँवर बतवनी ।
तीनु जने के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान सुरु कईल उ बतवनी ।
सर्लाही के धनकौल गाँवपालिका ३ स्थित बागमती नदि के बगल से भी लागूऔषधसहित दु जने के पकडल गईल बा ।
बलरा से राजघाट शंकरपुर ओरी जा रहल ज ४ प २०७४ नम्बर के मोटरसाइकल के चेक जाँच करेके समय मे वालटेक्स १०० एमएल के २६९ पिस लागूऔषध बरामद भईल कुँवर बतवनी ।
मोटरसाइकल चालक सिरहा के गोलबजार १ घर भईल अभी बागमती नगरपालिका १० शंकरपुर ससुराली रहेवाला ३४ बरीस के सुनिल ठकुरी आ पछाडि सवार सर्लाही के बरहथवा नगरपालिका ५ हाथी डन्डा रहेवाला गोविन्द रामक २२ बरीस के बेटा ईन्दल राम के लागूऔषधसहित पकड के आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।






