मेलान पर्सा के कार्जक्रम मे ३० जने कईले खुनदान

वीरगंज २६ जेठ
कोरोना महामारी के समय मे नियमित रुप मे खुनदान ना हो रहला से खुन के कमी ना होखो कहके मेलान पर्सा आजु खुल्ला खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
मेलान के १५ वाँ स्थापना दिवस के अवसर मे मेलान जिल्ला कार्यसमिति पर्सा द्वारा आयोजना कईल कार्जक्रम मे ३० जने खुनदान कईल रक्तसंचार केन्द्र वीरगंज जनवले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २ नारायणी अस्पताल के बगल मे रहल एन.एम.ए.सभा हल मे आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे गोविन्द कुमार साह, संजय प्रसाद साह,मनोज साह, विकास कुमार गुप्ता, संजय चौरसिया, राम कुमार गुप्ता, संजय पटेल, राम विश्वास साह लगायत के लोग खुनदान कईल जनावल गईल बा ।
मेलान जिल्ला कार्यसमिति पर्सा के अध्यक्ष बिपिन कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा उपाध्यक्ष अताउल हक, सचिव संजय पटेल, कोशाध्यक्ष रामविशवास साह, सदस्यलोग श्रीनन्दन यादव, संजय चौरसिया, संजय साह, संजय गुप्ता, मनोज साह, मेलान पर्सा के पुर्व अध्यक्ष शर्मानन्द कुशवाहा आ अखिल नेपाल प्रगतिशील जनशवास्थकर्मी महासंघ केन्द्रीय सचिव सुभाष गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





