सुवर्ण गाँवपालिका के कार्यालय बनावे खातिर भवन के शिलान्यास

प्रभु यादव

बारा ०८ पुस

बारा के सुवर्ण गाँवपालिका के कार्यालय के भवन निर्माण करे खातिर एक कार्जक्रम के वीच शिलान्यास कईल गईल बा ।

कवही गोठ से पूर्व मे रहल पोखरा के उतरवारी आट पर भवन बनावे खातिर गाँवपालिका के अध्यक्ष महेन्द्र यादव शिलान्यास कईले बानी । नव करोड ५६ लाख ११ हजार दु सय १४ रोपेया ६९ पईसा के लागत मे तीन तल्ला के भवन निर्माण करे के योजना रहल ईन्जिनियर सुनिल कुमार साह जानकारी करावले बानी ।

ई बरीस निचला तल्ला के खातिर एक करोड ५० लाख रोपेया रहल बा जवना के टेण्डर गुरूकुल विल्डर्स एण्ड सप्लायर्स लेहल ईन्जिनियर साह जानकारी करावले बानी । सात कोठा दु गो हल आ एक गो सिपटी वाथरूम सहित कर के १० गो ई आर्थिक बरीस मे तईयार करे के लक्ष्य लेहल गईल साह जनकारी करावले बानी । आजे समुदायिक भवन के शिलान्यास कईल गईल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नवीन श्रीवास्तव जनकारी करावले बानी ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय से पछिम मे रहल जगह मे विवह मण्डप आ समुदायिक भवन के शिलान्यास गाँवपालिका अध्यक्ष यादव कईले बानी ।

३५ लाख के लागत मे एक गो हल दु गो कोठा आ सिपटी बाथरूम सहित बनावे खातिर उपभोक्ता समित बना के काम सुरूवात होगईल ई आर्थिक बरीस मे सम्पन्न कईल जाएके प्रमुख श्रीवास्तव जानकारी करावले बानी ।

शिलान्यास कार्जक्रम मे संविधान सभा सदस्य रामअयोध्या यादव, प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव, सुवर्ण गाँवपालिका के उपाध्यक्ष वविता यादव, सन्तगंज शस्त्र विओपी के प्रहरी निरिक्षक नारायण सिह ऐरी, ईलाका प्रहरी कार्यालय के ईन्चार्ज श्यामबाबु यादव लगायत वार्ड अध्यक्ष, बुद्धिजिवी, समाज सेवी, कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।