आउर २७९ जने मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित संख्या ४३६४ पुगल

काठमाण्डु २८ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २७९ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम के मुताविक रौतहट मे ५३ संक्रमित थपाईल बाडन ।
एहितरे कविलवस्तु मे ४८, सर्लाही मे २७, दैलेख मे २५ आ धादिङ मे १६ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
पाल्पा मे १२, कैलाली मे १२, धनुषा मे ११, सुर्खेत मे ९, मोरङ मे ८, रुपन्देही मे ७, प्युठान आ सप्तरी मे ६÷६ जने, झापा आ नवलपरासी मे ५÷५ उदयपुर आ गोरखा मे ४÷४, बाँके आ जाजरकोट मे ३÷३, चितवन, कञ्चनपुर आ सिन्धुपाल्चोक मे २÷२ जने आ नवलपुर, बर्दिया, दार्चुला, डडेलधुरा, नुवाकोट आ सिराहा मे १÷१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा स्ँगे कुल संक्रमित के संख्या ४ हजार ३६४ पुगल बा । उलोग मेसे १५ जने के मृत्यु भईल बा ।
आउर ९० जने डिस्चार्ज
कोभिड १९ अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर मे रहल आउर ९० जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कोभिड १९ अस्पताल जनकपुर से ३७ जने, सप्तरी के महेन्द्र गेनाई आइसोलेसन से २० जने, कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान से १८, कोरोना अस्पताल दाङ से ७ जने, कोशी अस्पताल से ६ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
एहितरे सशस्त्र पुलीस के बलम्बु अस्पताल आ वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान से एक एक जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
एकरा सँगे डिस्चार्ज होखेवाला के संख्या ६७४ पुगल बा । उलोग मेसे ५९५ पुरुष आ ७९ जनानी बाडि ।






