सप्तरी के एसपी आ डीएसपी मे कोरोना संक्रमण

राजविराज २५ भादो
जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रमुख एवम् प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) तथा प्रहरी नायव उपरीक्षक (डीएसपी) एवम् सूचना अधिकारी के बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कोरोना पुष्टि भईला के बादप उलोग के होम आइसोलेसन मे राखल गईल बा । बियफे के सँझिया उलोग के पीसीआर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।
४४ बरीस के प्रहरी नायव उरीरक्षक अबगे सप्तरी आईल बाडन ।
४५ बरीस के प्रहरी नायव उपरीक्षक सरुवा होके काठमाण्डु जाए लागल बाडन । सरुवा होके जिल्ला बाहर जाएवाला भईला से पीसीआर परीक्षण कईला पर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल पुलीस स्रोत के कहनाम बा ।
अभी तक सप्तरी मे ५७ जने पुलीस मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । प्रदेश प्रहरी तालिम केन्द्र के ३७ आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय मातहत के २० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे सप्तरी मे संक्रमित के संख्या ९९१ पुगल बा । जउना मे १६६ जनानी बाडि । संक्रमित मेसे १ जनानी सहित ८ जने के मृत्यु भईल बा आ ६८२ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।






