बिन्दवासिनी के अमरपट्टी आ वीरगंज के आदर्शनगर मे खुनदान कार्जक्रम

वीरगंज २८ जेठ
रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज मे खुन के कमी भईला के बाद अनेकन संघ संस्था खुनदान कार्जक्रम के आयोजना करे लागल बाडन ।
इहे क्रम मे पर्सा जिल्ला के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं ४ अमरपट्टी मे नेपाल रेडक्रस सोसाईटी अमरपट्टी उपशाखा के आयोजना मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
बिन्दवासिनी गाँवपालिका आ वडा नं. ४ के सहजोग मे आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे ६ जने जनानी सहित ४४ जने खुनदान कईले बाडन ।
वार्ड अध्यक्ष अनोज कुमार चौरसिया के अध्यक्षता भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि गाँवपालिका के उपाध्यक्ष किरन देवी गुप्ता कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे छविलाल साह, सुनिल कुमार चौरसिया, मन्जु चारसिया, अनोज चौरसिया, अकलेश प्रसाद चौरसिया, अमिरीलाल मुखिया, लगन शर्मा, पवन मुखिया, सुबास दास तत्वा, दिपक चौरसिया, राजन प्रसाद चौरसिया लगायत के लोग खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सौरभराज पाण्डे बतवले बानी ।
कार्जक्रम मे नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के सभापति वीरेन्द्रराज कँडेल, शैलेन्द्र चौरसिया, उपशाखा अमरपट्टी के अध्यक्ष राजेश्वर प्रसाद चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल वार्ड अध्यक्ष चौरसिया बतवले बानी ।
एहितरे आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नंं १० आदर्शनगरस्थित गिरिजाप्रसाद कोइराला फाउन्डेशन से आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम मे एक जनानी सहित सय जने खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक जितेन्द्र कुशवाहा बतवनी ।
नेपाली काङ्ग्रेस, पर्सा के सभापति अजयकुमार द्विवेदी आ नेत्रज्योति संघ के उपाध्यक्ष श्यामकुमार पोखरेल खुनदान कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहनी ।
फाउन्डेशन पर्सा के अध्यक्ष महम्मद सहाबुद्दीन के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पूनम देवी, आशीष यादव, अजय सिंह, महेश पौडेल, मनोज साह सोनार, प्रवीण तिवारी, सन्तोष महर्जन, बृजेश पटेल, हुसेन अन्सारी, भुवन कोइराला, कृष्ण ओझा, महबूब आलम, सन्तोष गुप्ता, सुलतान हुसेन, फजिल अन्सारी, नेक महम्मद लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे प्रदेशसभा सदस्य ओमप्रकाश शर्मा, संविधानसभा सदस्य अनिल रूँगटा, वीरगंज महानगर के उपमेयर शान्ति कार्की लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






