गाछी-लगाउ जिवन बचाउ

गाछी-लगाउ जिवन बचाउ

सडके-सडके धूला उरईता पिएला न बा सफा पानी
वनजङ्गल सब काटरहल छी हमनी सब होके ज्ञानी
जनसंख्या से भरिभरावबा पुरे सहर गाँव
बाल-बच्चाके कहाँ राखम रहेला न बा ठाँव
गाछी-बिरिक्ष काटला से न परइता वर्षा पानी
खेतीपाती करेला याद अबईता नानी
खाली जगह मे गाछी रोपेके बसाऊ अपन बानी
सुखी जिवन बिताबेके तरिका बा आसानी
बरी शानके बात बा दिन काबो न रात बा
गाछी काटला के बाद मे लोग अपने पछतात बा
रोपु फटा-फट गाछी ई कर्ज सब आदमी के माथ बा
आग न लगाउ बनजङगल मे बचलो जेबा वन के
गाँव-शहर ठेकेदार के रोकु,रोकु अपना मनके
दिन दाहारे बनजंगल के जिउ-जन्तु भागरहल बा गाँव
रहेला ओकनी के सुरक्षित न बा वनजंगलमे ठाँव
सडके -सडके धूला उरईता पिएला न बा सफा पानी
वनजङ्गल सब काटरहल छी हमनी सब होके ज्ञानी

नाम:अर्जुन कुमार यादव
ठेगाना:गढीमाई ना.पा.-६, धर्मपुर रौतहट
हाल:पर्सा

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।