एक घर के एक आदमी के पिसिआर टेस्ट करेके माग करत भलुही चौक मे प्रदर्शन
बारा २९ जेठ
एक घर, कम्ति मे एक आदमी, एक पिसिआर टेस्ट स्थानिय निकाय के पहल मे होखो कहके माग करत फेटा गाँवपालिका–१ के युवालोग आजु भलुही चौक मे अनेकन नारा सहित के प्लेकार्ड लेके बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
सामाजिक दुरी सहित मास्क पहिन के हमनी के सबसे लगेके सरकार, हमनी के स्थानिय निकाय भईला से उनकर पहल मे एक घर, कम्ति मे एक आदमी के पिसिआर टेस्ट करके कारोना के संक्रमण रोके सकेके कहके अभियान संचालन कईल विक्की महतो बतवनी । हमनी के सबसे लगेके सरकार हमनी के स्थानिय निकाय ह ।
हमनी प्रदेश आ संघ के ना चिन्हेनी कहत सहभागी युवा राजेश प्रसाद कुशवाहा कहनी कि लकडाउन थप के संक्रमण ना रुकी, टेस्ट भईल भी जरुरी बा, आ टेस्ट करे खातिर स्थानिय सरकार से पहल होखो कहके बतवनी ।
कम्ति मे एक परिवार से एक जने के टेस्ट भईला पर संक्रमित के ईलाज आ निरोगी के काम मे जाए मे सहज होखेके बतावत कुशवाहा सभी के घर मे बन्द करके संक्रमण रुकेवाला नइखे ओहिसे हमनी ई अभियान के शुरुवात कईले बानी ।
कउनो राजनैतिक विचारधारा ना राख के, विशुद्ध युवा, आम नागरिक आ आम जनता के रुप मे हमनी ई अभियान के शुरुवात कईले बानी ।
जनता के घरघर मे पुगे सकेवाला पहिलका सरकार स्थानिय सरकार भईला से एकर पहल मे टेस्ट भईल जरुरी बा कहके स्थानिय युवालोग के माग रहल बा ।
विकास के काम बाद मे कईल जा सकता, जदि आदमी बाँची तबे नु विकास के काम होखी ओहिसे अभी के अवस्था मे विकास के काम के कुछ समय के खातिर रोक के स्थानिय सरकार के सभी ध्यान कारोना परिक्षण ओरी लागेके ई अभियान के मुल मर्म रहल सहभागि युवालोग के कहनाम रहे ।






