नेपाल के प्रधानमंत्री सुशीला कार्की के तसवीर बना के लीफ आर्टिस्ट मधुरेंद्र दीहलन अनोखा बधाई

नेपाल के प्रधानमंत्री सुशीला कार्की के तसवीर बना के लीफ आर्टिस्ट मधुरेंद्र दीहलन अनोखा बधाई

मोतिहारी २९ भदौ

नेपाल के सड़क से लेके सदन तक मचले उथल-पुथल रुकला के बाद शुक के राति जवान के पसंदीदा सुशीला कार्की नेपाल के अंतरिम पहिला महिला प्रधानमंत्री बनके सपथ लिहली हई।

शनिचर के दिन सोशल मीडिया पर एह खबरि के जानकारी मिलते भारतीय पत्ता कलाकार आ अंतर्राष्ट्रीय सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र अपना ५ घंटा के कठिन मेहनत के बाद दुनिया के सभसे नन्हका ५ सेमी पीपल के हरियर पत्ता पर बहुते बारीक आ सूक्ष्म कला से सुशीला कार्की के तसवीर बना के लिखले बाड़न “फर्स्ट वुमन पीएम ऑफ नेपाल”। मधुरेंद्र अपना अनूठा कलाकृति के माध्यम से नवनियुक्त पीएम के हार्दिक बधाई दीहले बाड़न। ई तसवीर सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल होत बा।

ओही जगह सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र मीडिया से बतवलन कि नेपाल बरिसन से दुनिया के शांति के पैगाम देत आइल बा। सुशीला कार्की के न्यायपालिका में भ्रष्टाचार खिलाफ कड़ा रवैया आ पारदर्शिता खातिर जानल जाला। हम आशा करीला कि नेपाल में पहिले जइसन अबो शांति आ सौहार्द कायम रही। उहे अपना कला से हार्दिक बधाई दीहलन।

बता दीं कि भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपने सोशल मीडिया अकाउंट पर नेपाल के अंतरिम सरकार के प्रधानमंत्री बनला पर माननीय सुशीला कार्की जी के हार्दिक शुभकामना दीहले बाड़न।

उ लिखलन कि नेपाल के भाई-बहिनन के शांति, प्रगति आ समृद्धि खातिर भारत पूरा तरह से प्रतिबद्ध बा। पीएम मोदी कार्की के बधाई संदेश में साफ कह दिहलन कि भारत ए पड़ोसी देश के विकास आ शांति में अहम भूमिका निभावत रही आ उहां के लोगन के बीच शांति आ सौहार्द्र बनवले रखे में पहिले जइसन योगदान देत रही।

ए मौके पर भारत आ नेपाल दुनु देश के लोग सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र द्वारा पत्ता पर बनावल तसवीर के सोशल मीडिया पर शेयर करके आपन खुशी जतावत बाड़न।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।