मुसहर बस्ती मे आगलगी ८ घर जरल

प्रभु यादव

बारा जेष्ठ ३०

बाराके कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ३ के मोतिबाग मे रहल मुसहर बस्ती मे आगलगी से आठ घर जरल बा ।

बेलदार माझि के घर से खाना पकावेवाला चुलाहा से आगी सुनुग के लागल बारा प्रहरी के प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

आगलगी से बच्चा माझि, सन्तोस माझि, मनु माझि, महादेब माझि, बिकल देवि माझि, खेनारी माझि समेत के खर से छावल घर मे आगलगि होके पुर्ण रूप मे जरल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

अस्थाई प्रहरी पोष्ट शिक्षा अफिस से प्र.स.नि. के कमाण्ड मे खटल टोलि स्थानिय लोग कलैया उपमहानगरपालिका के दमकल के सहयोग से लागल अागी निभावल गईल जनकारी भईल बा ।

आगी करीब २ बजे के समय मे लागल रहल जवना मे मानबिय क्षेती नाभईल चौपाया क्षेती मे मनु माझि के २ गो बकरी जर के नष्ट भईल घर,अन्नपात,भाडाबर्तन, लताकपडा कर के करीब एक लाख ५० हजार बराबर के क्षेती भईल प्रहरी जनकारी देहले बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के वार्ड अध्यक्ष महम्द जलालुदीन अंसारी मुसहर बस्ती के जरल घर के लोग के खाना खियावेला आबाँस बईठेला पहिले रहल नारायणी सिचाई के भवन मे व्यवस्था कईल गईल जनकारी देहनी ।

कलैया उपमहानगरपालीका से त्रिपाल भाडा बर्तन आचाआ दाल के व्यवस्था करावल गईल बा । लुमन्ती आवासको लागि सहयोग समूह से घर निमार्ण करे खातिर आई रूपेया आ उपमहानगरपालीका से मिला के मुसहर बस्ती बनावे के काम तुरन्त करे अध्यक्ष अंसारी जनकारी करावले बानी ।

पिडीत बच्चा माझी आपना सब के घर से बाहर खायेला तरकारी के खोजी मे गईल बेरा मे अाग लगला से बता ना भईल कि कईसे लागल कहत पीडा सुनावलन ।

विल्टी माझी वार्ड के मुखिया आसके लोग के सहयोग से राहत मिलला से आपना सब के सहयोग भईल पीडा जनकारी करावली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।