प्रदेश २ मे थपईलें ७८ जने कोरोना संक्रमित

जनकपुरधाम ७ असाढ

प्रदेश २ मे आउर ७८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश के ७ जनेनी सहित ७८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

प्रदेश २ मे पिछिलका बेर सबसे बेसी संक्रमित सिराहा जिल्ला मे देखाई पडल बाडन । सिराहा मे ४ जनानी सहित ५२ जने नयाँ संक्रमित मिलल बाडि ।

सर्लाही मे ९ जने, धनुषा मे ८ जने, बारा मे ४ जने, सप्तरी आ महोत्तरी मे २÷२ जने आ रौतहट मे एक जने संक्रमित थपाईल बाडन ।

एकरा सँगे प्रदेश २ मे कुल संक्रमित के संख्या २ हजार ९ सय २ पुगल बा । संक्रमित मेसे १ सय ६० जने जनानी बाडि ।

आजु तक प्रदेश २ से ९ सय ५२ जने संक्रमित ठिक होके घर गईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।