रौतहट मे एके दिन ७६ जने संक्रमित थपईलें

रौतहट ३२ जेठ

रौतहट मे आजु कोभिड–१९ के ७६ जने संक्रमित थपाईल बाडन । आजु थपाईल संक्रमित सँगे रौतहट मे कुल संक्रमित के संख्या ७ सय ७१ पुगल बा ।

रौतहट के देबाही गोनाही नगरपालिका मे ७ जने, परोहा नगरपालिका के २५ जने, राजपुर नगरपालिका के १२ जने, इशनाथ नगरपालिका के २२ जने माधवनारायण नगरपालिका के १ जने, चन्द्रपुर नगरपालिका के ५ जने बृन्दाबन नगरपालिका के २ जने, यमुनामाइ गाँवपालिका के २ जने मे कोराना भाइरस के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा से पहिले शनिचर के दिने रौतहट मे ९२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

जेठ २६ गते तक ४१० जने संक्रमित रहल रौतहट मे एक हप्ता भितर ई संख्या करिब दोब्बर के लगे पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय जनवले बा ।

रौतहट के राजपुर आ इशनाथ मे रहल क्वारेन्टिन मे बेसी संक्रमित मिलल बाडन ।

अभी तक रौतहट मे ६ हजार ९ सय ६६ जने के स्वाब संकलन कईल बा ।

जउना मेसे २ हजार ८ सय ४९ जने के नतिजा आवेके बाँकी रहल बा ।

रौतहट के अनेकन स्थानीय तह के क्वारेन्टिन मे ६ हजार ४ सय ८७ जने रहल बाडन ।
रौतहट मे संक्रमण पुष्टि भईल सभी भारतीय सहर से फिर्ता होके क्वारेन्टिन मे रहललोग बाडन ।

सीमा क्षेत्र से सम्बन्धित स्थानीय तह से नागरिक के उद्धार करके सिधे क्वारेन्टिन मे राखला से समुदाय मे कोरोना संक्रमण देखाई देहल नइखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।