प्रदेश २ मे आउर ११० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ३२ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे ५ जने जनानी सहित १ सय १० जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । धनुषा मे १ जने, सर्लाही मे ६ जने, रौतहट मे ७४ जने, बारा मे १२ जने आ पर्सा मे १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।
एकरा सँगे प्रदेश मे संक्रमित के संख्या २ हजार १४ पुगल बा । प्रदेश मे ३२ हजार २ सय ७ जने के थ्रोट स्वाब के नमुना संकलन कईला मे १३ हजार ६८ जने के नतिजा आवेके बाँकी बा ।
माकिर सामाजिक विकास मन्त्रालय के सचिव रामप्रसाद घिमिरे स्वाब संकलन आ पीसीआर परीक्षण के प्राथमिकता मे राख के काम हो रहल बतवनी ।
‘स्वाब संकलन आ पीसीआर परीक्षण के बढावल गईल बा, एकरा से क्वारेन्टिन मे रहेवाला के संख्या घटल बा, होम क्वारेन्टिन मे बढल बाडन,’ कहत सचिव घिमिरे, ‘अभी भी आइसोलेसन मे राखेवाला के संख्या बढल बा । उहे मुताविक तइयारी करे खातिर स्वास्थ्य संस्था के निर्देशन देहल गईल बा ।’
प्रदेश मे फ्रन्टलाइन मे खटल स्वास्थ्यकर्मी मे भी संक्रमण उलकेके क्रम बढल बा । प्रदेश सरकार हरेक चरण मे स्वास्थ्यकर्मी के सुरक्षा के खातिर हरसम्भव प्रयत्न करेके बतावत सचिव घिमिरे उच्च मनोबल के साथ काम करे खातिर निहोरा कईले बाडन ।
एहितरे धनुषा के जनकपुर उपमहानगरपालिका स्थित गोपाल धर्मशाला क्वारेन्टिन के ३० बरीस के, सर्लाही के बरहथवा नगरपालिका के १९ बरीस के, सर्लाही के हरिपुर नगरपालिका के १ से १८ बरीस तक के ३ जने आ ४२ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट वृन्दावन नगरपालिका के १८ से २५ बरीस के ३ जने पुरुष, परोहा नगरपालिका के १ से ४५ बरीस तक के २४ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ देखल गईल बा ।
राजपुर नगरपालिका के १ से ४० बरीस उमिर समूह के १३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के इशनाथ नगरपालिका के ३० बरीस के एक जनानी सहित १० से ४० बरीस तक के १८ जने पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के देवाही गोनाही नगरपालिका के १८ से ४८ बरीस के ७ जने पुरुष, यमुनामाई गाँवपालिका के १६ आ २५ बरीस के पुरुष, गढीमाई नगरपालिका के १९ आ २१ बरीस के पुरुष, माधव नारायण नगरपालिका के ३५ बरीस के पुरुष तथा अनोरीलाल मावि, ध्युरा मावि, जनता मावि आ पियुर एकेडेमी क्वारेन्टिन के ४ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
बारा के पचारौता नगरपालिका के १६ से ४० बरीस तक के १२ जने पुरुष, पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के ३६ बरीस के एक जने जनानी सहित १९ से ४५ बरीस के ८ जने पुरुष करके कुल ९ जने, वीरगंज महानगरपालिका रहेवाला ३२ बरीस के एक जने जनानी, सखुवा पर्साैनी गाँवपालिका के ४० बरीस के पुरुष, बिन्दवासिनी गाँवपालिका के २६ बरीस के पुरुष, जिराभवानी गाँवपालिका के ३२ बरीस के पुरुष, धोबिनी गाँवपालिका के २७ बरीस के पुरुष, पर्सागढी नगरपालिका के ३१ बरीस के एक जनानी आ पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के २० आ २७ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण देखल गईल बा ।
२५ जने संक्रमित डिस्चार्ज
प्रदेश २ मे पिछिलका २४ घण्टा मे १ जनानी सहित २५ जने संक्रमित ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल बाडन ।
धनुषास्थित प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर अन्तर्गत लक्ष्मीनिया गाँवपालिका मे वीपी मेमोरियल पोलिटेक्निकल इन्स्टिच्युट के आइसोलेसन से १० जने पुरुष, महोत्तरी के जलेश्वर अस्पताल अन्र्तगत के कोभिड विशेष अस्पताल से १ जने पुरुष आ सर्लाही के मंलगवास्थित सर्लाही जिल्ला अस्पताल अन्तर्गत अल्पामाई रामनारायण यादव नर्सिङ्ग कलेज आइसोलेसन से १ जनानी सहित १५ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।





