बारा मे स्थानीय तहसब पीसीआर मेसिन किनेके निर्णय

बारा २७ सावन

बारा मे स्थानीय तह पईसा उठाके कोरोना संक्रमण परीक्षण के खातिर पीसीआर मेसिन किनेवाला बाडन ।

मेसिन खरिद तथा सञ्चालन व्यवस्थापन के खातिर करिब २ करोड रोपेया लागेके अनुमान करके बईठक से उपमहानगरपालिका १४.५ प्रतिशत, नगरपालिका ७ प्रतिशत आ गाँवपालिका ४ प्रतिशत के दर से रोपेया व्यहोरेके सहमति भी उलोग कईले बाडन । बारा मे दु गो उपमहानगरपालिका, ५ गो नगरपालिका आ ९ गो गाँवपालिका रहल बा ।

मंगर के दिने स्थानीय प्रशासन, जिल्ला समन्वय समिति, स्थानीय तह के प्रमुख आ प्रमुख राजनीतिक दल के संयुक्त बईठक से जिल्ला मे हि कोरोना संक्रमण परीक्षण करेके सहित के ७ निर्णय कईले बा ।

प्रयोगशाला मे परीक्षण करे खातिर जनशक्ति व्यवस्थापन जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय से करेके, स्वाब परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज से समझदारी करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।

सुरक्षा निकाय तथा सरकारी कर्मचारी खातिर २ हजार थान भीटीएम प्रदेश विपद व्यवस्थापन कोष से किनेके, स्थानीय तह मे परीक्षण करे खातिर उपमहानगरपालिका ४ हजार थान, नगरपालिका २ हजार आ गाँवपालिका १ हजार थान भीटीएम खरिद करेके निर्णय भी कईले बा ।

सेल्फ पेड आइसोलेसन सेन्टर के खातिर होटलसब के अनुमति देवे खातिर प्रक्रिया शुरु करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।

पथलैया मे प्रदेश स्तरीय आइसोलेसन
बईठक से पथलैयास्थित स्वास्थ्य तालिम केन्द्र के भवन मे प्रदेश स्तरीय आइसोलेसन निर्माण करेके निर्णय कईले बा ।

पर्सा, बारा, रौतहट क्लस्टर के खातिर आइसोलेसन पूर्वाधार के खातिर प्रदेश सरकार १ करोड ७० लाख देवेके घोषणा एकरा से पहिले हि कईले बा ।

तालिम केन्द्र के भवन मे १ सय बेड के आइसोलेसन, चिकित्सक कक्ष, क्यान्टिन तथा सुरक्षाकर्मी के खातिर आवास पूर्वाधार तईयार करेके भी निर्णय कईले बा ।

उहाँ जीतपुर सिमरा २ मे सञ्चालन रहल क्वारेन्टिन केन्द्र के आदमी के हटाके खाली भईल जगहा मे ३ सय बेड क्षमता के आइसोलेसन सेन्टर बनावेके, ४ सय बेड आइसोलेसन के खातिर जरुरी स्वास्थ्य सम्बन्धी जनशक्ति के माग सामाजिक विकास मन्त्रालय से करेके, आइसोलेसन सेन्टर सञ्चालन आ व्यवस्थापन खातिर ४० लाख रोपेया प्रदेश सरकार से माग करेके निर्णय बईठक से कईले बा ।

बारा मे भी संक्रमित मिलेके क्रम सुरु भईला के बाद सावन १८ गते से निषेधाज्ञा जारी बा ।

सोके दिने मात्र १८ जने संक्रमित थपाईल बारा के कलैयास्थित गंगापुर आइसोलेसन केन्द्र मे ७२ जने के राखल गईल बा ।

जगहा कमी के चलते २२ जने आइसोलेसन केन्द्र बाहर बाडन ।

पचारौता नगरपालिका, देवताल गाँवपालिका, कोल्हवी नगरपालिका, जीतपुर सिमरा तथा कलैया उपमहानगरपालिका मे एके बेर बहुते संख्या मे संक्रमित मिले लागला से सभी स्थानीय तह आइसोलेसन के प्रबन्ध करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।