अरुण मण्डल हत्या प्रकरण गोली मारेवाला आदमी पकडईलें

जनकपुरधाम ३२ जेठ
धनुषा मे एक जने के गोली मारके हत्या कईल आरोप मे पुलीस एक जने के पकडले बा ।
सबैला नगरपालिका–७ स्थित लबटोली निवासी अरुण मण्डल के गोली मारके हत्या कईल आरोप मे लबटोली के श्रवण मण्डल के पुलीस पकडले बा ।
मण्डल के महोत्तरी के जलेश्वर नगरपालिका–३ स्थित भिठामोड से आजु पकडल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम जनवले बा ।
प्रदेश प्रहरी कार्यालय के प्रहरी निरीक्षक बरुणबहादुर सिंह के नेतृत्व मे खटल विशेष टोली उनका के पकडल गईल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआईजी धिरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।
पुलीस के मुताविक १९ बरीस के श्रवण २५ बरीस के अजय उपर बितल जेठ २८ गते रात गोली मार के हत्या कईले रहलन ।
डीआईजी सिंह के मुताविक घट्ना के मुख्य अभियुक्त हि श्रवण हउवन् । ई घट्ना मे संलग्न आउर चार जने के खोजी होरहल उ बतवनी ।
गाँजा पिएके समय मे गोली चलल
श्रवण, अरुण सहित के युवालोग घर लगे के पोखरा ओरी गाँजा पिए खातिर बाहर निकलल रहलन ।
गाँजा पियत बातचीत कर रहल अवस्था मे आपना मे सामान्य विवाद भईल रहे । उहे विवाद के समय मे श्रवण अरुण उपर गोली चलवले रहलन ।
श्रवण सामान्य विवाद के समय मे अरुण उपर गोली चलावल स्वीकार कईल डीआइजी सिंह बतवनी । उ घटना के बिषय मे आउर अनुसन्धान हो रहल बतवनी ।





