प्रदेश २ मे थपईलें ७ जने कोरोना संक्रमित, २८ डिस्चार्ज

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २४ असाढ,
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला जनकपुर मे कईल पीसीआर परीक्षण के समय मे सिराहा मे २ जने, सप्तरी मे २ जने आ बारा मे १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । सिराहा के नवराजपुर नगरपालिका– ५ के २ जने, सप्तरी के बोदे बसाईन नगरपालिका वार्ड नम्बर ३, ९ आ १० के ४ जने आ बारा के निजगढ नगरपालिका–७ के १ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।
एकरा सँगे प्रदेश २ मे संक्रमित के संख्या ३ हजार ७ सय ६१ पुगल बा । जउना मे २ सय ४७ जने जनानी संक्रमित बाडि । मन्त्रालय के मुताविक स्वाब संकलन कईल मेसे २ हजार ३ सय ९५ जने के पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा । २ हजार ७ सय १ जने संकास्पद संक्रमित प्रदेश २ के अनेकन क्वारेन्टिन मे बईठल बाडन । २८ जने डिस्चार्ज बुध के दिने प्रदेश २ से २८ जने संक्रमित डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन । अस्पताल मे देखभाल आ ईलाज के बाद एक जने जनानी आ २७ जने जने पुरुष डिस्चार्ज होके घर गईल वरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत विजयकुमार झा जानकारी देहनी । प्रदेश २ मे अभी तक २ हजार २ सय ४० जने डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन ।





