‘पिसिआर परीक्षण बढावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण’

काठमाण्डु ३२ जेठ
सांसदलोग शान्ति सुरक्षा के चुस्त बनावे खातिर सभामुख मार्फत सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी ।
प्रतिनिधिसभा आजु के बईठक के विशेष समय मे सांसदद्वय मातृकाप्रसाद यादव आ जुलीकुमारी महतो इहे जेठ २७ गते रात धनुषा के सवैला नगरपालिका मे ट्र्याक्टर चालक से पुलीस हिरासत मे आत्महत्या कईल कहके घटना के छानविन करके दोषी उपर कारवाही करेके माग कइनी ।
उलोग बितल समय से हि उ क्षेत्र मे आपराधिक घटना होखेके आ राजनीतिक आड मे दोषी बँचावे के प्रवृत्ति के रोके खातिर सदनमार्फत सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद उमाशङ्कर अर्गरिया धनुषा मे पीडित पुलीस समक्ष किटानी जाहेरी लेवेके ना मानला पर लास परीक्षण होखे ना सकल आ घटना के छानविन करके दोषी उपर कारवाही के माग कईनी ।
सांसद राजेन्द्रकुमार केसी प्रतिपक्षीदल बढिया काम मे हरदम सरकार के सहजोग कर रहल स्पष्ट करत काठमाण्डु लगायत शहर मे कुछ दिन से हो रहल युवा के आन्दोल के ‘प्रतिपक्षी से चढावल कहके हल्ला’ निराधार भईल बतवनी ।
सांसद पे्रम सुवाल इहे जेठ ७ गते जारी कईल नयाँ नक्सा मुताविक शनिचर के दिने प्रतिनिधिसभा से संविधान संशोधन पारित कईल आ उ सम्बन्ध मे ‘भारत के विदेश मन्त्रालय से वार्ता करेके समझदारी उल्लङ्घन भईल’ कहके टिप्पणी कईल उपर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद प्रभु साह किसान से अभी मलखाद ना मिलल, कृषि सामाग्री कम्पनी से होखेवाला बिक्री वितरण मे भी भनसुन हो रहल जनावत क्वारेन्टिन मे रहल के पिसिआर परीक्षण जलदी होखेके व्यवस्था मिलावे के माग कइनी ।
सांसद देवप्रसाद तिमिल्सिना प्रदेश नं २ के रौतहट मे पिसिआर परीक्षण कम होखेके, रिपोर्ट देरी आरहल उपर सरकार के ध्यानाकर्षण करावत कोरोना के ईलाज मे भईल खर्च के सार्वजनिक करेके माग कइनी ।
सांसद प्रदीप यादव शनिचर के दिने पारित संविधान संशोधन के बाद अब उ क्षेत्र के जमिन कईसे फिर्ता करेके सम्बन्ध मे ध्यान जाएके पडल कहनी । उ प्रमाण जुटावे खातिर सरकार से गठन कईल विज्ञ समिति मे मधेशी आ जनजाति समावेश ना कईला मे आपत्ति जनवनी ।
बईठक मे सांसदलोग लालकाजी गुरुङ, रामकुमारी चौधरी, दुर्गाबहादुर राउत आ पदम गिरी पिसिआर परीक्षण बढावे के माग कइले रहनी ।






