ठोरी गाँवपालिका मे सुत्केरी तथा लईका लइकी के पौष्टिक आहार बाँटल गईल

मेघराज राय
जीराभवानी २० कुवार
ठोरी गाँवपालिका सुत्केरी जनानी तथा २ बरीस से कम के लईकालईकीसब के खातिर पौष्टिक आहार बँटले बा ।
कुछ समय पहिले से गाँवपालिका के उपाध्यक्ष शान्ति थिङ के अगुवाइ मे हो रहल पौष्टिक आहार बितरण कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम अन्तरागत गाँवपालिका भितर के ७५७ जने के अण्डा बाँटल गईल उपाध्यक्ष थिङ बतवनी ।
वार्ड नं. १ के ११०, वार्ड नं. २ के १२५, वार्ड नं. ३ के ११०, वार्ड नं. ४ के १८२, वार्ड नं. ५ के १३० करके जम्मा ७५७ जने के अण्डा बाँटल गईल उपाध्यक्ष थिङ बतवनी ।
गाँवपालिका भर के सुत्केरी तथा लईकालइकी मेसे केहु छुटल होई त सम्बन्धित वार्ड कार्यालय मे सम्पर्क करके पौष्टिक आहार लेवे सकेके ब्यबस्था मिलावल भी उपाध्यक्ष थिङ बतवनी ।





