वीरगंज के कन्ट्री इन होटल के क्वारेन्टाइन मे रहल २ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ०२ असाढ

भारत से फिर्ता आके होटल के क्वारेन्टाइन मे रहल २ जने मे आजु कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज के आदर्शनगरस्थित कन्ट्री इन होटल के क्वारेन्टाइन मे रहत आईल मेसे २ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण मे कन्ट्री इन होटल के क्वारेन्टाइन मे रहल वीरगंज वार्ड नम्बर ३ आ ४ के २ जने पुरूष के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल अस्पताल के मेसु डा.मदनकुमार उपाध्याय पुष्टि कईले बाडन ।

जेठ २३ गते रक्सौल होत वीरगंज आइल दुनु जने के वीरगंज के आदर्शनगर मे रहल कन्ट्री इन होटल मे राखल गईल रहे ।

मंगर के दिने संक्रमण पुष्टि भईल वीरगंज ३ के ३१ बरीस के पुरूष भारत के नयाँ दिल्ली से आईल रहलन आ वीरगंज के वार्ड नम्बर ४ के २३ बरीस के पुरूष भारत के बेङ्गलोर से आईल रहलन ।

संक्रमण पुष्टि भईला के बाद दुनु संक्रमित के होटल से गण्डकस्थित अस्थायी कोरोना अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे लेजाके राखल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।

कन्ट्री इन होटल मे अब १६ जनानी आ १७ पुरुष करके ३३ जने मात्र रहल होटल के संचालक हरि पन्त जानकारी देहनी ।

मंगर के दिने २ जने संक्रमित थपईला सँगे पर्सा मे कोरोना संक्रमित के संख्या १ सय ५५ पुगल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के अधिकृत जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

पर्सा मे सोमार के दिने भी ३ जने स्वास्थ्यकर्मी सहित १० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ एतवार के दिने ५ जने स्वास्थ्यकर्मी, १ एम्बुलेन्स चालक सहित १७ जने मे कोरोना संक्रमण मिलल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।