प्रदेश स्तरीय सहकारी अभिमुखिकरण तालिम पुरा

वीरगंज ०२ चईत,
पर्सा के पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं.२ लमरीया टोल मे प्रदेश स्तरीय सहकारी अभिमुखिकरण तालिम आजु पुरा भईल बा ।
भुमी व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय प्रदेश नं.२ जनकपुरधाम के आर्थिक सहजोग आ लालमती माई बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड पोखरिया नगरपालिका के आयोजना मे ३ दिने तालिम आजु पुरा भईल बा । संस्था के अध्यक्ष लालबाबु प्रसाद यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि भुमी व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय प्रदेश नं.२ शाखा अधिकृत ओम नारायण झा समाज मे रहल आर्थिक विपन्न तथा गरिबलोग के व्यापार व्यवयसाय करे खातिर आर्थिक हिसाब से सहकारी के बडका महत्व रहल बतवनी ।
तालिम के समापन कार्जक्रम मे जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड पर्सा के अध्यक्ष राजेश पंडित, युवा तथा साना व्यवसायी स्वरोजगार कोष पर्सा के सदस्य सचिव सुनिल रौनियार, पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं.२ के वार्ड अध्यक्ष सुरेन्द्र प्रसाद यादव, दिव्य बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के प्रबन्धक जयनारायण पटेल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
तालिम मे सहभागीलोग के कुन्दन पाल प्रशिक्षण देहले रहनी । तालिम मे १ बरीस से कम समय मे दर्ता भईल सहकारी सस्था के ३५ जने संचालक सदस्यलोग सहभागि रहल आयोजक संस्था के अध्यक्ष लालबाबु प्रसाद यादव बतवनी ।






