परोहा न.पा. से ६० सहित रौतहट से १३७ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज

रौतहट ०२ असाढ

रौतहट के १३७ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके घर गईल बाडन ।

रौतहट के परोहा नगरपालिका से स्थापना कईल आइसोलेसन मे रहल ६० जने आ राजपुर नगरपालिका से स्थापना कईल आइसोलेसन मे रहल ७६ जने संक्रमित डिस्चार्ज भईल बाडन ।

उलोग के पीसीआर परीक्षण के पिछिलका रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद डिस्चार्ज कईल जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट जनवले बा ।

एहितरे परोहा नगरपालिका के आईसोलेशन मे रहल १ सय ३१ जने मेसे आजु ६० जने मे कईल पीसीआर परीक्षण के नतिजा नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के घर पठावल गईल बा । उलोग भारत के अनेकन शहर से आके नगरपालिका से बनावल आईसोलेशन मे रहल रहलन ।

परोहा नगरपालिका के मेयर तथा प्रदेश नं २ के नेपाल नगरपालिका संघ के सभापति शेख वकिल के मुताविक नगरभर मे १४ गो क्वारेन्टाईन बनावल रहे ।

पडोसी देश भारत मे रोजगारी के शिलशिला मे गईल नगरबासीलोग कोभिड १९ नोबेल कोरोना भाईरस के चलते घर आवे लागला के बाद आवेवाला के संख्या बढे लागला से संक्रमित बढेके डर से हरेक वार्ड मे अलग अलग व्यवस्थित क्वारेन्टाईन बना के १५ सय आदमी के राखल रहे ।

पिछिलका समय १ सय ३१ जने मे संक्रमण पुष्टि के बाद नगर भितर रहल श्री ब्रहम ज्योति माध्यमिक विधालय लौकाहा मे आईसोलेशन तइयार करके राखल गईल रहे ।

१ सय १० जने के पिसिआर परिक्षण के खातिर पठावल गईला मे ६० जने के ‘कोरोना रिपोर्ट नेगेटिभ आईला के बाद १० दिन तक होम क्वारेन्टाईन मे रहेके शर्त मे घर पठावल मेयर शेख वकिल बतवनी । अब ६७ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल जनावल गईल बा ।

आईसोलेशन मे रहेवाला के सबेरे दु गो अण्डा, चाय, बिस्कुट, १० बजे पौष्टिक खाना आ नास्ता मे ५०० ग्राम दुध आ रात मे मासु, भात, दाल, हरिहर तरकारी आ साग खियावे के काम आपन निगरानी मे करत आईल मेयर शेख वकिल बतवले बानी ।

एकरा से पहिले रौतहट के गरुडा नगरपालिका मे रहल पुलीस विद्यालय के आइसोलेसन से ११० संक्रमित ठिक होके घर गईल बाडन । रौतहट मे अभी तक २४७ जने संक्रमित ठिक होके घर गईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।