सुन्दर सावित्री स्मृति संस्थाद्वारा चउथका भगवान बुद्ध पुजा अर्चना तथा सम्मान कार्जक्रम पुरा, पत्रकार चौरसिया सम्मानित

वीरगंज १४ माघ,

सुन्दर सावित्री स्मृति संस्था वीरगंज चउथका भगवान बुद्ध पुजा अर्चना तथा सम्मान कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
संस्थाद्वारा वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ भिस्वा डाँडा मे आयोजना कईल चउथका भगवान बुद्ध पुजा–अर्चना तथा सम्मान कार्जक्रम मे स्थानिय भोजपुरी भाषा मे प्रकाशित होत आईल भोजपुरी टाईम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया लगायत साग खेल २०१९ के पदक विजेतालोग के पुरस्कृत तथा सम्मान कईले बा ।

चौरसिया के रु १५ हजार नगद पुरस्कार राशी सहित सम्मान पत्र से सम्मानित कईल गईल बा । स्थानिय भोजपुरी भाषा मे निरन्तर पत्रकारिता करत अईला मे चौरसिया के पुरस्कृत तथा सम्मान कईल आयोजक संस्था जनवले बा ।

संस्था के अध्यक्ष रत्नेश्वरी गोर्खाली श्रेष्ठ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी समाजसेवी जेष्ठ नागरिक पशुपति बिक्रम शाह ई संस्था बितल समय से हि सामाजिक, संस्कृतिक, धार्मिक क्षेत्र मे सक्रिय रुप मे अनेकन कामसब करत अईला मे सराहना कइनी । नेपाल भ्रमण बरीस २०२० चल रहल अवस्था मे पर्सा जिल्ला मे रहल घडिअर्वा पोखरी, भिस्वा डाँडा, शंकराचार्य गेट, घण्टाघर लगायत के धार्मिक पर्यटकिय स्थलसब के विश्व सम्पदा सूचि मे समावेश करावे खातिर मागक इनी ।

भगवान कार्की से संचालन कईल कार्जक्रम मे पूर्व सांसद राजेन्द्र बहादुर अमात्य, वीरगंज बौद्ध समिति के अध्यक्ष विरहर्ष साक्य, संस्था के उपाध्यक्ष रमेश कुमार गोर्खाली लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
स्व. सुन्दर बहादुर गोर्खाली आ स्व. सावित्री देवी गोर्खाली के स्मृति मे वितल चार बरीस से संस्था एक जने सक्रिय पत्रकार के क्रियाशिल पत्रकारिता पुरस्कार से सम्मान करत अईला मे ई बरीस पत्रकार चौरसिया के सम्मानित कईले बा ।

एहितरे उ कार्जक्रम मे साग खेल २०१९ के पदक विजेता लोक राज बज्रचार्य, विकास थापा, निश्चलमान श्रेष्ठ, नरेश यादव, सरोज यादव, सुमिर कुमार साह लगायत के भी नगद सहित सम्मान कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।