अपहरण मे पडल लइकी एक महिना तक सम्पर्क बिहिन

रौतहट २ असाढ

घर मे सुत रहल अवस्था मे अपरहण मे पडल रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका ५ कोपवा के एक १४ बरीस के लइकी अभी भी ना मिलला के बाद परिवार चिन्तित बनल बाडन ।

बौधीमाई ५ के कोपवा के १४ बरीस के रिंकुकुमारी पासवान के जेठ १ गते रात १२.३० बजे सुत रहल अवस्था मे गाँव के तीन जने युवा परिवार के सदस्य के हथियार देखाके डेरवावत उठाके लेगईल रहलन ।

ई बारेमे स्थानीय पुलीस चौकी आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे उजुरी देहला पर भी सुनवाई ना भईल गारजियन के आरोप रहल बा ।

गाँव के धर्मेन्द्र यादव, रुपनारायण यादव, लक्ष्मी यादव आ रमन यादव बाँस के दुवारी तुर के घर भितर प्रवेश करके बेटी के लेके गईल बाबु उमेश पासवान बतवनी ।

‘खोजबिन कईला पर ना मिलला के बाद जेठ ९ गते इलाका प्रहरी कार्यालय कोपवा मे आ १० गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय गौर मे उजुरी देहले रहनी’ कहके बतवनी ।

बेटी अपहरण मे पडला के बिहान भईला धर्मेन्द्र के बाबु रुपनारायण यादव घर मे आके घटना के बारे मे पुलीस के जानकारी देहला मे बेटा आ मरद के मारेके चेतावनी देहल उमेश बतवनी ।

लइकी के माई अनिता पुलीस से मिलापत्र करे खातिर एक लाख रोपेया मागल बतवनी । ‘पुलीस सहि पईसा लेके मिलापत्र करे खातिर दबाब देवेलन’ कहके बतवनी ।

बेटी के सकुशल फिर्ता करे खातिर तथा पीडक के हदे तक कारवाही माग कईला पर भी पुलीस हि पीडक सँगे मिलल पीडित परिवार के आरोप बा ।

रौतहट के प्रहरी प्रमुख एसपी रविराज खड्का घटना के बारे मे जानकारी आईल आ लइकी के खोजी हो रहल बतवनी ।

‘पुलीस खोजतलास करत बा’ कहत उ ‘बेपत्ता लइकी के आ घटना मे संलग्न सभी के जलदी हि नियन्त्रण मे लेहल जाई ।’

एसपी खड्का वेपत्ता लइकी नियन्त्रण मे अईला के बाद मुद्दा दर्ता भरपर्दो होखित कहके रोकल माकिर अब मुद्दा दर्ता करके कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।