नागरिकता विधेयक विरुद्ध वीरगंज मे काँग्रेस के प्रदर्शन

वीरगंज ०७ असाढ
नेपाली पुरुष से बियाह करेवाली विदेशी जनानी के सात बरीस के बाद मात्र अंगीकृत नागरिकता देवेके नेकपा के निर्णय के विरोध मे वीरगंज मे आन्दोलन सुरु भईल बा ।
शनिचर के दिने बईठल नेकपा के सचिवालय बईठक से विदेशी पतोह के ७ बरीस के बाद मात्र अंगीकृत नागरिकता देवेके निर्णय कईले रहे ।
ईहे निर्णय विरुद्ध प्रदेश २ के सभी जिल्ला मे आजु से कांगे्रेस आन्दोलन सुरु कईले बा । सभी जिल्ला के सदरमुकाम मे आजु नेपाली कांग्रेस आ काँग्रेस निकट नेपाल महिला संघ प्रदर्शन कईले बा ।
पर्सा के वीरगंज मे आजु दुपहरिया कांग्रेस आ नेपाल महिला संघ सडक मे प्रदर्शन कईले बाडन । प्रदर्शन मे सहभागी कांग्रेस के नेता कार्यकर्ता सरकार आ नेकपा विरुद्ध भी नाराबाजी कईले बाडन ।
घण्टाघर चोक मे नेपाल महिला संघ के अगुवाइ मे भईल प्रदर्शन मे कांग्रेस के नेता कार्यकर्ता वैवाहिक अंगीकृत नागरिकता सम्बन्धी नेकपा के निर्णय सँचियावे के माग कईले रहलन ।
नेकपा के उ निर्णय जनानी विरोधी रहल कहत कांग्रेस नेतृलोग ई निर्णय मुताविक नागरिकता ऐन संशोधन भईला पर विदेशी पतोह जनानी उपर विभेद आ हिंसा बढेके बतवले रहलन ।
नेपाल आ भारतबीच के सदियो से रोटी बेटी के सम्बन्ध बिगारे खातिर कम्युनिस्ट नेतृत्व के सरकार आ नेकपा नागरिकता ऐन मे संधोशन करेके चलखेल कईल महिला संघ पर्सा के अध्यक्ष राधा कार्की बतवनी ।
प्रदर्शन मे सहभागी नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य अजय चौरसिया केपी ओली के दल नेकपा आ उनकर नेतृत्व के सरकार देश मे कम्युनिस्ट शासन लादे खातिर नागरिकता ऐन मे संशोधन करेके षडयन्त्र कर रहल आरोप लगवनी ।
विदेशी जनानी से नेपाली नागरिक बियाह कईला पर सात बरीस के बाद मात्र अंगिकृत नागरिकता देवेके निर्णय के विरोध मे जनता समाजवादी पार्टी भी सडक आन्दोलन मे उतरल बा ।






