गँजभवानिपुर मे पुलीस के सरक्षण मे खुल्ला दारूभट्टि चल रहल

प्रभु यादव
बारा १९ कुवार
शान्ति सुरक्षा के जिम्मेवारी मिलल नेपाल पुलीस बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर १० आ ३ के गँजभवानिपुर मे खुल्ला दारूभट्टि अपने सरक्षण कर के चलवा रहल स्थानिय लोग के सिकायत रहल बा ।
गँजभवानिपुर बजार एरिया के लगपास मे करिब एक दर्जन से बेसी खुल्ला दारूभट्टि चलरहल देखल जारहल स्थानिय लोग सिकायत कईले बाडन ।
दारूभट्टी मे से पियल लोग बाहर निकलला पर रास्ता पेडा पर अनावश्यक बात बोलल रास्ता पेडा घेरके चलला से साम के रास्ता चलेवाला के बहुते समस्या होरहल बुझे वाला लोग के कहनाम रहल बा ।
गँजभवानिपुर मे रहल रु प्रहरी चौकि से पुलिस लोग घुमते रहलें माकिर कुछ ना कहेलन, ना दारूभट्टीवाला के बन्द करेके कहेलन कहके जनता के सिकायत रहल बा ।
पुलीस चौकी ईन्चार्ज सई रामउदय शर्मा आपन एरिया भितर खुल्ला दारूभट्टी चलावेला अनुमति देके मासिक मोट रकम नजराना उठावेलन स्थानिय सब आरोप लगवले बाडन ।
भट्टी चलारहल लोग के गँजभवानिपुर के चौकि से कवनो समस्या नारहल बा माकिर जिल्ला से आइल टोली के कुछो ना करदेवो कहके डर रहल नाम ना छापेके शर्त मे भट्टी चलावेवाला जानकारी करवले बाडन ।
महागढीमाई नगरपालिका के वार्ड नम्वर ३ आ १० मेसे खुल्ला दारू बना के खुलेयाम रूप मे साईकल, मोटरसाईकल आ टेम्पु से बरियारपुर बजार एरिया, गँजभवानिपुर एरिया, कलैया उपमहानगरपालिका के बजार एरिया, बिजुलपुर एरिया, बघवन एरिया लगायत के ठाउ मे पुगा के दुकानदार से बेचरहल बाडन ।
गँजभवानिपुर चौकी के ईन्चार्ज सई रामउदय शर्मा से फोन पर जानकारी लेहला पर आपना के केहु जानकारी नइखन करवलें आ हमरा खुल्ला रूप से दारूभट्टी चलेला मालुम नइखे अपने के बा त बतावल जाँव कहके गैरजिम्मेवार पूर्ण जवाफ देहनी । भवानीपुर मे घरेलु दारूभट्टी ना रहल शर्मा के दाबी रहे ।
चोरी तस्करी आ अपराधिक क्रियाकलाप नियन्त्रण के जिम्मा लेहल समाज मे शान्ति सुररुक्षा स्थापना के जिम्मेवारी छोड के गैरकानुनी कार्य मे साथ देहल देखके स्थानिय सब चिन्ता मे पडल बाडन ।
सशस्त्र बेस क्याम्प बरियारपुर के प्रहरी जवान सब पसाह पुल पर एतवार के दिन सझिया के ५ बजे गजभवानीपुर से साईकल मे ७० लिटर दारू लेके बेचे जारहल के पकड के दारू छिनल गईल आ गरिब भईला से साईकल देके अब ना बनावे के आ बेचे के कहत छोडल गईल प्रहरी निरिक्षक प्रकाश पाण्डे जानकारी करावले बानी ।
पकडल गईल दारू स्थानिय लोग के रोहबर मे फेकल गईल पाण्डे जानकारी करावले बानी ।
बारा जिल्ला प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र से जानकारी लेहला पर अनुसन्धान कईल जारहल बा ओ जगह दारूभट्टी नष्ठ कईल जाए के जनकारी करवले बानी ।






