प्रदेश सांसद साह सुरक्षाकर्मी खातिर स्वास्थ्य सामान देहनी

प्रभु यादव

बारा ०७ असाढ

बारा निवार्चन क्षेत्र नं ३ (क) के प्रदेश सभा सदस्य ज्वाला कुमारी साह बारा के अनेकन सरकारी कार्यालयसब मे कोरोना से बँचे खातिर स्वास्थ्य सामान देहले बानी ।

प्रदेश सरकार के पूर्वाधार बिकास कार्यालय बीरगंज पर्सा के समन्वय मे निर्वाचन क्षेत्र बिकास कार्जक्रम अन्तर्गत कोभिड–१९ रोकथाम के खातिर अटोमेटिक हैण्ड वास तथा स्वास्थ्य सामानसब उ कार्यालयसब मे देहले बानी ।

उ सामानसब चन्दन नाथ गण बह्रमपुरी, सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल उतरझिटकैया लगायत के स्थालसब मे अटोमेटिक हैण्ड आवस १ सेट, हैण्ड आवस सोप १२ थान, सनिटाइजर ५ थान, ९५ माकस ५ थान, मेडिकेटेड मास ५ प्याकेट, डिपोजल ग्लबस ५ प्याकेट तथा हाउस ग्लबस ५ थान लगायत के सामानसब ज्वाला कुमारी साह देहले बानी ।

उ सामानसब अभी के अवस्था के मध्यनजर करत जन्ता के खातिर दिन रात खटेवाला सुरक्षा कर्मीलोगके सहजोग पुगेके उदेश्य से उ सामान देहल साह बतवले बानी ।

उ अवसर मे कलैया उपमहानगरपालिका मुस्लीम आयोग के जिल्ला संयोजक राजमहुमद राय अंसारी, कलैया उमहानपा ३ के वार्ड अध्यक्ष जलावदिन मंसुर, युवा संगठन के जिल्ला अध्यक्ष पुरुषोत्म साह, नेता उमेश साह, अशोक तिवारी, प्रभु मण्डल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।