बौधिमाई के अजगैबी आ बौधा मे नगर प्रमुख यादव द्वारा स्वास्थ्य चौकी आ विद्यालय भवन के शिलान्यास

मेवालाल यादव
रौतहट २४ चईत
बौधिमाई नगरपालिका –१ अजगैबी बौधा मे एके दिन दु गो शिलान्यास कार्जक्रम नगर प्रमुख यादव कईले बानी । बौधिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख तथा जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के प्रदेश कमिटी सदस्य युवा मेयर राजीव रंजन यादव आजु एगो कार्जक्रम के बीच उ शिलान्यास काम पुरा कईले बाडन ।
नगरपालिका के वार्ड नं. १ अजगैबी बौधा मे स्वास्थ्य सेवा सुनियोजित तरिका से संचालन ना भईला से तथा बौधा मे रहल श्री प्रा वि विद्यालय के किलास संचालन करेमे समस्या हो रहल अवस्था मे स्वास्थ्य चौकी मे तथा विद्यालय मे दु कोठे भवन के नगर प्रमुख यादव के अथक प्रयास तथा विषेश पहल मे भवन निर्माण काम होखेके बतावल गईल बा । नगरपालिका के वार्ड नं. १ अजगैबी स्थित रहल स्वास्थ्य चौकी अभी के खातिर वार्ड कार्यालय भवन मे संचालन मे रहल तथा स्वास्थ्य चौकी के भवन निर्माण काम अधुरा रहला से सभी वार्डबासी से मिलेवाला स्वास्थ्य सेवा के सहज बनावे खातिर तथा बौधा स्थित श्री प्राथमिक बिद्यालय मे भवन के कमी के चलते विद्यार्थीसब के पाठनपाठन मे होखेवाला समस्या के सहज बनावे खातिर दुनु जगहा मे एके बेर भवन निर्माण के खातिर शिलान्यास कईल तथा प्रा वि बौधा मे पिछिलका शैक्षिक शत्र मे आउर किलास ६ संचालन करे खातिर अनुमति दिलावल नगर प्रमुख युवा मेयरबतवले बाडन ।
स्वास्थ्य आ शिक्षा से समग्र समुदाय के मुहार बदलेके आश आ बिश्वास के साथ सभी सर्वसाधारण लगायत स्थानियलोग सहज रुप मे स्वास्थ्य सेवा तथा शिक्षा हासिल करे मिलेके सभी के अधिकार होखेवाला भईला से सभी वार्डबासीलोग सहज रुप मे स्वास्थ्य सेवा तथा शिक्षा हासिल करे सकस कहके स्वास्थ्य तथा शिक्षा क्षेत्र मे खुद बिशेष ध्यान देहल नगर प्रमुख यादव बतवले बानी ।
श्री प्राथमिक विद्यालय बौधा के आयोजना भईल कार्जक्रम मे विद्यालय व्यवस्थापन समिति नगर प्रमुख सहित अतिथिलोग के पोशाक सहित गमछा ओढाके सम्मान कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे बौधिमाई नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत रामेश्वर राय यादव, योजना शाखा प्रमुख उमेश कुमार झा, पञ्जिकरण शाखा प्रमुख बिक्की जयसवाल, नपा के ओवरसियार, वार्ड नं. १ अजगैबी बौधा के वार्ड अध्यक्ष गुदर राय यादव, जनता समाजवादी पार्टी के केंद्रीय सदस्य युवा नेता विवेक यादव, जसपा के युवा नेता तथा कार्यपालिका सदस्य काशीराम पासवान, वार्ड नं.१ अजगैबी के वार्ड प्रत्याशी रामजोधी राउत कुर्मी, युवा नेता सिकिन्द्र यादव, युवा नेता प्रमोद कुमार यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






