वीरगंज से डेढ बरीस के लईका सहित ११ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके घर गईलें

वीरगंज ०८ असाढ
वीरगंज मे डेढ बरीस के लईका सहित ११ जने कोरोना के जित के घर गईल बाडन । वीरगंज के नारायणी अस्पताल अन्तर्गत के गण्डक कोभिड अस्पताल लईका सहित ११ जने संक्रमित के आजु डिस्चार्ज कईले बा ।
अस्पताल मे ईलाज करा रहल ४३ जने मेसे ११ जने के डिस्चार्ज करके घर पठावल अस्पताल के कोर्डिनेटर डाक्टर उदय नारायण सिंह बतवनी ।
डिस्चार्ज होखेवाला मे पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका–२ गुलरीया के डेढ आ ३ बरीस के २ गो लईका आ उलोग के मातारी करके ३ जने, जगरनाथपुर गाँवपालिका–६ के ८ जने भी डिस्चार्ज भईल बाडन । एहितरे गुलरीया के ३ जने मातारी बेटा रहल डाक्टर सिंह जानकारी देहनी ।
भारत से आके गाँव के क्वारेन्टाइन मे रहल सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के गुलरीया के एक जनानी आ उनकर २ गो बेटा मे जेठ २५ गते आ जगरनाथपुर गाँवपलिका के ८ जने मे जेठ २६ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
संक्रमण पुष्टि भईल दिन उलोग के वीरगंज के गण्डकस्थित नारायणी अस्थायी कोभिड अस्पताल मे लिया के राखल रहे ।
कोभिड अस्पताल मे दु हप्ता राखल गईला मे उलोग के पिछिलका पिसिआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल आ स्वास्थ्य मे कउनो समस्या भी ना रहला से आठु जने के डिस्चार्ज करके घर पठावल अस्पताल के कोर्डिनेटर सिंह बतवनी । अस्पताल मे अब ३२ जने मात्र संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।
पर्सा मे अभी तक २ जने पत्रकार, ९ जने स्वास्थ्यकर्मी, ५ जने भारतीय नागरिक सहित १५६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । एगो लावारिस लास मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल रहे ।






