भलुवाई खोला मे ठेकेदार के मनमौजी, ओभरलोड से ग्रामीण सडक पोखरा बनल
मेघराज राय
जिराभवानी १४ पुस
पर्सा के पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज आ सामुदायिक बन से सीमा जुडल भलुवाई खोला आ आउर अनेकन खोलासब से मनोमानी तरिका से गिट्टी, बालु, पथल उत्खनन करके क्षमता से बेसी ट्याक्टर मे लोड करके ढुवानी भईला पर ग्रामीण सडकसब खान्ताखुन्ती भईल बा ।
बिश्व कोरोना महामारी तथा बिश्व कोरोना के नयाँ भेरियन्ट ओमिक्रोन के समय मे रहला से भलुवाई खोला मे स्वास्थ मापदण्ड बिपरित हजारो के संख्या मे हरेक दिन जईसन ट्रेक्टर आ आदमीसब के भिडभाड हो रहल स्थानीयलोग सिकाईत कईले बाडन । माकिर पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका मे परेवाला भलुवाई खोला मे एक बरीस के खातिर एक करोड पाँच लाख मे श्री नितु कन्ट्रकसन भिखमपुर १ ठेक्का साकार कईल गाँवपालिका स्रोत जनवले बा ।
ठेकेदार भलुवाई खोला से जथाभावी मापदण्ड बिपरित गिट्टी, बालु, पथल उठईला पर खोला पोखरा जईसन बनल बा । बेसी गहिराइ मे पथल, बालु, गिट्टी पुल गाँवबस्ती स्कुल मठमन्दिर के ३०० मिटर आरीपाछि उत्खनन करेवाला प्रावधान ना भईला पर भी ठेकेदार दु ओरी गाँव बस्ती रहला से आरीपाछि उत्खनन कईल जिल्ला वन कार्यालय, पर्सा के संरक्षण तथा सदुपयोग शाखा के प्रमुख बशिष्टनारायण पटेल बतवनी ।
ठेकेदार खोला मे होर्डिङ्गबोर्ड लगावेके, पूर्जी काटेवाला कर्मचारी के डरेस, परिचयपत्र, ओभरलोड ना करेके, प्रतिघनफिट नाप के पूर्जी काटेके प्रवधावन भईला पर भी ठेकेदार मनमौजी काम करत आईल बाडन ।
टेलर मे केतनो लोड कईला पर भी १ सय ३० घनफिट के रु ६०० काटत आईल बा । कउनो टेलर मे १००, १२०, १३५, १४० तक अटेवाला भईला से ठेकेदार बिना नाप अन्दाजी पुर्जी काट रहला से ओभरलोड के चलते सडक मे खान्ता खुन्ती भईल बा । एकरा से यातायात मे समस्या आ दुर्घटना के सम्भावना रहल स्थानीयवासी सिकाईत कईले बाडन ।
जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा से अनुगमन ना कईला पर ठेकेदार जथाभावी उतखन काम कईला पर प्रकृतिक सम्पदा खतरा मे परल बा । ई विषय मे पुलीस, प्रशासन, वन, जिल्ला समन्वय समिति के ध्यानाकर्षण होखेके स्थानीयवासी के माग बा ।