खाद, बिया ना मिलला से किसान कहियातक रोवस ? कहके सांसद के सवाल

काठमाण्डु, ९ असाढ
खाद तथा बिया ना मिलला से किसान छटपटा रहला से तत्काल खाद आ बिया उपलब्ध करावे खातिर सांसद सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक के शून्य समय मे सांसद नेपाल कृषिप्रधान देश भईला पर भी सरकार कृषि क्षेत्र उपर बेवास्ता कईल सिकाईत कइनी ।
उलोग कुल गार्हस्थ्य उत्पादन मे कृषि क्षेत्र के एक तिहाइ योगदान के ना भुले खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करावत देशव्यापी रुप मे देखल गईल खाद तथा बिया के कमी के समस्या समाधान करेके माग कईनी ।
सांसद लक्ष्मीकुमारी चौधरी सवाल कइनी, “खाद बिया ना मिलला से किसान कहिया तक रोवस ?” सांसद भरकुमार शाह किसान धमाधाम बर्खेखेती लगावे मे व्यस्त रहल अवस्था मे रासायनिक खाद के चरम कमी भईल बतवनी ।
सांसद राजेन्द्रकुमार राई किसान के तत्काल रासायनिक खाद उपलब्ध करावेके माग कइनी ।
सांसद वृजेशकुमार गुप्ता सामुदायिक विद्यालय के गुणस्तर दिन पर दिन कम होत गईला से तत्काल शैक्षिक गुणस्तर सुधार करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
उ अस्थायी, राहत लगायत शिक्षक के हटाके स्थायी शिक्षक मात्र राखे खातिर सरकार से माग कइनी ।
सांसद रानी मण्डल क्वारेन्टिनबाट कोरोना पाटेके अवस्था आईल उल्लेख करत एकरा के व्यवस्थित बनावे के माग कइनी । उ क्वारेन्टिनसब के अवलोकन करे खातिर सरकार से निहोरा कइनी ।
सांसद भीमसेनदास प्रधान सवारी साधन मे भौतिक दूरी कायम करेमे कठिन होखेवाला भईला से शनिचर आ एतवार के दु दिन सार्वजनिक बिदा देवेके माग कइनी ।
सांसद भैरवबहादुर सिंह सुदूरपश्चिम मे भारत से आवेके क्रम ना रुकला से कोरोना के चुनौती आउर बढल जनावत क्वारेन्टिन मे रहल सभी नागरिक के पिसिआर परीक्षण करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद मीना सुब्बा मृत्यु के बाद मात्र कोरोना परीक्षण के रिपोर्ट अईला से एकर नियन्त्रण मे सरकार चुकल आरोप लगवनी ।
सांसद मनकुमारी जिसी विदेश मे अलपत्र नागरिक के उद्धार करके लियावल सरकार के सकारात्मक कदम भईल उल्लेख करत क्वारेन्टाइन के आउर व्यवस्थित बनावे के माग कईनी ।
सांसद महेश्वरराज गहतराज जनानी हिंसा आ जातीय विभेद के घटना बढला मे चिन्ता व्यक्त करत सामाजिक अपराध नियन्त्रण करे खातिर ठोस कदम चालेके निहोरा कईनी ।
सांसद रङ्गमती शाही क्वारेन्टिन मे जनानी बलात्कृत होखेके अवस्था उपर चिन्ता व्यक्त करत दोषी उपर कडा से कडा कारवाही करेके माग कईनी ।
सांसद रामकुमारी चौधरी बन्दाबन्दी अवधि मे ३७३ बलात्कार, ३४ बहुवियाह आ आठ डाईन सम्बन्धी घटना भईल जनावत गम्भीर जघन्य आपराधिक घटना नियन्त्रण करेके माग कईनी ।
सांसद लक्ष्मी परियार रुकुम(पश्चिम) घटना मे संलग्नके तत्काल कारवाही करेके माग कईनी ।
सांसद भवानी खापुङ पुष्पलाल लोकमार्ग अन्तर्गत पूर्वी क्षेत्र मे बनेवाला पुल अभी भी निर्माण होखे ना सकल जनावत ठेकेदार के ताकेता करेके माग कईनी ।
सांसद मीनबहादुर विश्वकर्मा लकडाउन से अन्तिम तक के समय के ‘शून्य’ समय मान के घरधनी से घरभाडा ना लेवेके, बैंक के ब्याज ना लेवेके, विद्यालय से शुल्क ना लेवेके आ दैनिक ज्यालादारी श्रमिक के मासिक रु सात हजार देवेके व्यवस्था करेके प्रस्ताव कईनी ।
सांसद मीनेन्द्रप्रसाद रिजाल सरकार फजुल खर्च नियन्त्रण करे ना सकल आरोप लगवनी । सांसद मोहन बानियाँ तत्काल नागरिकता विधेयक सदन मे पेश करेके माग कईनी ।
सांसद रामबहादुर विष्ट भ्रष्टाचार नियन्त्रण मे सरकार उदासीनता देखावल आरोप लगवनी ।
सांसद यज्ञराज सुनुवार कामचोर आ ठग ठेकेदार के खातिर कोरोना बहाना मिलल जनावत सार्वजनिक खरीद ऐन संशोधन करके देश उपर घात करेवाला ठेकेदार के कारागार पुगावे के व्यवस्था मिलावे के माग कइनी ।
सांसद रामकुमारी झाँक्री छोटा उद्यमीके कोरोना के कहर से जोगावे खातिर उचित राहत प्याकेज लियावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।






