कलैया मे स्थानीयलोग रोड पर धान रोपके कईलें बिरोध

प्रभु यादव
बारा १२ असाढ
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ३ स्थित कलैया–नितनपुर सडकखण्ड मे पाँकी भईला के चलते आवतजावत मे समस्या भईला के बाद विरोध स्वरूप स्थानीयलोग रोड पर धान रोपाइँ कईले बाडन ।
आवर्वेददअस्पताल लगे पाँकी भईल सडक मे उलोग धान रोपाइँ करके विरोध जनवले बाडन ।
सडक मे बहुते पाँकी भईला से आवतजावत मे समस्या भईला पर भी जनप्रतिनिधि आ ठेकदार रास्ता बनावे मे ध्यान ना देहला के बाद सांकेतिक विरोध स्वरूप पाँकी भईल रोड मे धान रोपाइँ कईल स्थानीय बतवले बाडन ।
“सडक मे पाँकी भईला के चलते आवे जाएमे आ सवारी आवागमन मे समस्या भईला पर भी सरोकारवाला निकाय बनावे खातिर चासो नईखन देहले,” कहत स्थानीय महेश गुप्ता, “सम्बन्धित निकाय के ध्यानाकर्षण करावे खातिर भी सडक मे धान रोप के विरोध जनावल गईल बा ।”
“रास्ता मे माटी मात्र गिरा के छोडल गईल बा, ग्राभेल नइखे कईल ।
ओहिसे सामान्य वर्षात होते मातर रास्ता मे पाँकी भईला से आदमी के आवे जाए सकेके अवस्था भी नइखे,” कहत उ, “गाँव मे केहु बेमार भईला पर एम्बुलेन्स भी आवे जाएके अवस्था नइखे ।
सडक बनावे के जिम्मा लेहल ठेकदार कम्पनी कहाँ बाडन कउनो ठुवाठेकान नइखे, जनप्रतिनिधि के कउनो वास्ता नइखे ।
ओहिसे सम्बन्धित निकाय के ध्यानाकर्षण करावे खातिर रास्ता मे धान रोपल गईल बा ।”
नेपाली कांग्रेस के स्थानीय नेता भी रहल गुप्ता के मुताविक सडक बनावेवाला ठेकदार कम्पनी आ जनप्रतिनिधि के भी सडक मर्मत के खातिर जानकारी करईला पर भी कउनो सुनुवाइ नइखे भईल ।
उहे सडकखण्ड होत बंजरीया, ब्रम्हपुरी, सुराही, मेठुरापुर मटिअरिया लगायत १० गाँव के बासिन्दा सदरमुकाम कलैया ओहोरदोहोर करेके बाध्यता रहल उनकर कहनाम बा ।
सडक बनावे के जिम्मा मिलल ओमसाई ट्रेडर्स उ सडकखण्ड मे माटी गिरवले बा ।
भवानीपुर मे एगो छोट पुल बनईला के बाद उ सडक मे माटी भरेके काम कईले रहे । ओकरा बाद वर्षायाम सुरु भईला से सडक मे पाँकी भईल उनकर कहनाम बा ।
कलैया–३ के वार्ड अध्यक्ष जलाउद्दीन मन्सुर सहरी विकास कार्यालय के ठेक्का मे भईला पर भी खुद समस्या के बारे मे कम्पनी के प्रतिनिधि के जानकारी करावल बतवनी ।
“रास्ता मे माटी गिरा के छोडल बा, ट्रिपर चलत बा, पानी पडला पर सर्वसाधारण के आवतजावत मे समस्या हो रहल बा कहके बेर बेर कहले बानी,” कहत अध्यक्ष मन्सुर, “माकिर अनेकन बहाना बना के ठेकदार काम ना कईला से समस्या आईल बा ।”
चार दिन जेतना घाम उगला के बाद मात्र काम करे सकेके जानकारी ठेकदार कम्पनी के प्रतिनिधि से देहल वार्ड अध्यक्ष मन्सुर बतवनी ।






