आपन माटी आप शान विषयमे बतकही कार्यक्रम पुरा

वीरगञ्ज ३० अषाढ

बाराके जितपुरमे नेपाल सेरामिक इन्डष्ट्रिज प्रा.ली.के आयोजनामे ‘ आपन माटी आपन शान ‘ विषये बतकही कार्यक्रम परा भईल बा । प्रा.ली.अन्र्तगतके नेपोभिट टाईल्स नेपालमे टाइल्स उत्पादन बनाके सन्देश प्रवाहके खातिर बतकही कार्यक्रमके आयोजना कईल गईलरहे।

स्वदेशके कच्चा पदार्थके पहिचान केके देशवासीके उचित मूल्यमे विश्वस्तरीय टाईल्स देवेके उद्देश्य रहल कम्पनीके अध्यक्ष शम्भुनाथ झा बताईनी ।

उनकरा मुताविक नेपालके माटीसे बनल टाइल्सके विश्वमे बेचेकेआ आम्दानी करेके रास्ता खोलेके भि उदेश्य उद्देश्य रहल बा।

झा के अध्यक्षतामे भईल बतकही कार्यक्रममे जिल्ला प्रशासन कार्यालय बाराके प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा, राष्ट्रिय समाचार समितिके अध्यक्ष धर्मेन्द्र झा, नेपाल उद्योग वाणिज्य संघके केन्द्रीय सदस्य डा. सुवोध कुमार गुप्ता, जिल्ला प्रहरी कार्यालय बाराके प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक होबिन्द्र बोगटी लगायत सुरक्षा निकायका प्रमुख एवम् उद्योगी, व्यवसायी, सञ्चारकर्मी लगायतके लोग सामिल रहे।

स्थापनाके पहिलका वर्षमे नेपोभिट टाईल्स एक सयसे जाँदा स्थानीय लोगके प्रत्यक्ष रोजगार देलाके संगे देशभरके ५ सयसे जाँदा अप्रत्यक्ष रुपमे रोजगारी देवल प्रबन्ध निर्देशक मनोज प्रसाद रौनियार बताईनी ।

देशभरमे कच्चा पदार्थके खातिर सम्भाव्यता अध्ययन करके कच्चा पदार्थके पहिचान कफल रौनियारके दाबी रहल बा ।
वातावरण संरक्षण खातिर मध्यनजर करत आपन सामाजिक उत्तरदायित्व के भितर नेपोभिट टाईल्स वृक्षरोपण कार्यक्रम भि करत आरहल बा उनकर बहनाम रहल बा।

नेपालके मौलिक कला आ संस्कृतीके संरक्षणके क्षेत्रमे भि काम करत आइल का रौनियार बतईले ।
अन्तरक्रिया कार्यक्रमकके सहजीकरण सञ्चारकर्मी निलिमा पौडेलल कईले रहली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।