वीरगंज मे महानगरपालिका से किनल मेसिन से कोरोना परीक्षण सुरु

वीरगंज १२ असाढ
कोरोना भाइरस संक्रमण परीक्षण के खातिर वीरगंज महानगरपालिका से किनल पीसीआर मेसिन सञ्चालन मे आईल बा ।
महानगरपालिका से हस्तान्तरण कईल ६ दिन के बाद मेसिन सञ्चालन मे लियावल नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब जनवले बा । अब नारायणी अस्पताल मे कोरोना परीक्षण करेवाला दु गो मेसिन भईल बा ।
पूर्ण क्षमता मे सञ्चालन कईला पर रोज के ५÷६ सय नमुना सहजे परीक्षण करे सकेके ल्याब के प्राविधिक बतवले बाडन ।
नारायणी अस्पताल मे संघीय सरकार से ३६ गो स्वाब एके बेर परीक्षण करे सकेवाला मेसिन पठवले रहे ।
माकिर महानगरपालिका से किनल मेसिन ओकरा से दोब्बर क्षमता के भईल दावी कईल बा ।
कोरोना कोष मे उद्योगी, व्यवसायी आ दाता मार्फत जम्मा कईल रोपेया से महानगर कोरोना परीक्षण करेवाला मेसिन किनले बा ।
असाढ ५ गते वीरगंज आइल मेसिन असाढ ६ गते प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत नारायणी अस्पताल के हस्तान्तरण कईले रहनी ।
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला प्रमुख कन्सल्टेन्ट प्याथोलोजिष्ट डा. नीरा पाठक बियफे से उ मेसिन सञ्चालन मे लियावल बतवनी ।
महानगरपालिका “एक घर, एक पीसीआर” करेके लक्ष्य लेहले बा ।
ओकरा खातिर दु हजार पिस रिएजेण्ट किट मँगवले बा । सोमार तक किट आवेके आ समुदाय मे परीक्षण शुरु करेके वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी बतवनी ।






