ठाकुरराम क्याम्पस के आंशिक प्राध्यापकलोग आन्दोलित

वीरगंज ०१ फागुन,
वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के आंशिक प्राध्यापकलोग आन्दोलित भईल बाडन । करार मे नियुक्ति करेके, बाँकी रहल पारिश्रमिक फछ्र्यौट करेके लगायत के माग राखत प्राध्यापकलोग आन्दोलित भईल बाडन । माघ २९ गते से तीन सिफट के किलास बहिष्कार करत आन्दोलन मे उतरल उलोग आजु से क्याम्पस मे धर्ना सुरु कईले बाडन ।
ठाकुरराम मे पुराना ३२ आ नयाँ ७ जने आंशिक प्राध्यापक कार्यरत बाडन । १३ बरीस से आंशिक रुप मे कार्यरत प्राध्यापकलोग के समस्या समाधान के खातिर क्याम्पस प्रमुख लगायत सरोकारवाला के ध्यानाकर्षण करावला पर भी सुनुवाई ना भईल उलोग के कहनाम बा । पिछिलका समय आंशिक प्राध्यापकलोग माघ २३ गते क्याम्पस प्रमुख के ज्ञापन पत्र बुझवले रहलन ।
विनाशर्त करार सेवा मे लेजाए के व्यवस्था ना होखे तक आन्दोलन जारी राखेके आंशिक प्राध्यापक संघ ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पसप के एकाई अध्यक्ष तेजनारायण प्रसाद यादव बतवनी । “एगो पिरियड के ३६० रोपेया मिलेला, ओमे भी १३ प्रतिशत भ्याट काटल जाला,” कहत अध्यक्ष यादव, “बरीस मे दु बेर दशहरा आ फागुपूर्णिमा मे पईसा मिलेला । उहो हिसाब फछ्र्यौट ना करेलन । मिमिली कहके टारेलन ।”
मनमौजी तरिका से क्याम्पस चलईला पर समस्या देखल गईला से समाधान के खातिर आन्दोलन मे उतरेके पडल उनकर कहनाम बा । “करार करेके कहके बेर बेर सम्झौता भईल बा । माकिर कार्यान्वयन नइखे कईल गईल,” अध्यक्ष यदव कहनी कि, “मनमौजी तरिका से क्याम्पस चलावेलन । सभी काम के खातिर पइसा होखी हमनी के देवेके ना होखी ?” कहके सवाल कइनी ।