आउर ५९३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, एक जने के मृत्यु

काठमाण्डु १२ असाढ

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ५९३ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । एक जने के मृत्यु भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक दाङ मे एक जने के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा ।

पुलीस बेहोस अवस्था मे मिलला पर राप्ती स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे पुगावल उ मरेजी के चिकित्सक मृत घोषणा कईले रहलन ।

उनकर कोरोना परीक्षण कईला पर शुक के दिने पोजेटिभ रिपोर्ट आईल मन्त्रालय जनवले बा ।

उनकर पहिचान करेके आ परिवार सँगे सम्पर्क स्थापित करेके कोसिस हो रहल मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम जानकारी देहले बाडन ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना भाइरस के संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या २७ पुगल बा ।

मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी पाल्पा मे ७६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । एहितरे, दाङ के ७५ जने, रौतहट के ५६, डोटी के ४६, कञ्चनपुर के ४२, कैलाली के ३१, बाजुरा के २७, बैतडी आ गुल्मी के २५÷२५ जने, नवलपुर के २३, कपिलवस्तु के २१, प्युठान के २०, धनुषा के १५, चितवन आ सुर्खेत के १२÷१२ आ सुनसरी के १० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे, बझाङ के ९ जने, सिराहा, गोरखा, सिन्धुली, रुपन्देही आ लमजुङ के ६÷६ जने, दैलेख के ५, झापा आ महोत्तरी के ४÷४ जने, काठमाण्डु, अर्घाखाँची, दार्चुला, सल्यान आ जुम्ला के ३÷३ जने, मोरङ, बारा, कास्की, तनहुँ आ जाजरकोट के २÷२ जने के कोरोना परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

अछाम, सल्यान, नुवाकोट, बाग्लुङ, स्याङ्जा, नवलपरासी आ मुगु के एक÷एक जने मे संक्रमण देखल गईल बा । ई सँगे कुल संक्रमित के संख्या ११ हजार ७५५ पुगल बा ।

उलोग मेसे २७ जने के मृत्यु भईल बा । दु हजार ६९८ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।