जसपा द्धारा नागरिकता विधेयक के विरोध मे जुलुस

प्रभु यादव
बारा १६ असाढ
बारा के कलैया मे जनता समाजवादी पार्टी सरकार से लियावल गईल नागरिक्ता विधेयक के विरोध मे जुलुस आ सभा कईले बाडन ।
सिद्धेश्वर विद्यालय से निकलल जुलुस नगरपरिक्रम करत मुख्य चौक मे पुग के विरोध सभा कईले रहलन ।
सजपा के नेता अजय पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पुर्व राष्ट्रिय सभा सदस्य रमेश यादव, बारा निर्वाचन क्षेत्र ३ के संसद रामबाबु यादव, सभासद प्रमोद गुप्ता, प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला गुप्ता, आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के अध्यक्ष महम्द मिया, पचरौता नगरपालिका के मेयर रमेश यादव, रामशरण पासवान, श्याम गुप्ता, जनानी नेतृ उमरावती यादव, पिकी यादव, पवन व्याहुत, रामकिशोर यादव लगायत के लोग सम्बोधन करत नेपाल आ भारत से रहल बेटी बहीन के सम्बन्ध तोडे के काम होरहल बतवले रहलन ।
अधिराज्य भर एके साथ विरोध सभा कईल गईल सदियौ से चलत आरहल सम्बन्ध मे ना निमन असर खडा करेला नागरिक्ता विधेक लिया के जनानी लोग के सम्बन्ध मे समस्या लियारहल सिकायत कईले रहलन ।






