लक डाउन के समय मे चोरी सिकारी बढ रहल, पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज मे मुवल रतुवा मिलल

मेघराज राय
जीराभवानी २१ बैशाख
पर्सा जिल्ला के राष्ट्रिय निकुञ्ज से चोरी शिकारी करके लेजा रहल अवस्था मे वन गस्ती टोली के एगो मुवल रतुवा मिलल बा ।
चोरी शिकारी करके लेजारहल अवस्था मे पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका से वन गस्ती टोली मृत रतुवा बरामद कईले बा ।
सेक्टर बन कार्यालय वसन्तपुर से सुवेदार प्रदीप तिमिल्सिना के नेतृत्व मे गईल वन गस्ती टोली जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ सुगिभार मन्दिर लगे के राष्ट्रिय बन क्षेत्र से शिकार करके लेजा रहल अवस्था मे मुवल रतुवा बरामद कईले बा ।
बन गस्ती टोलि के देखते मातर शिकारीलोग मुवल रतुवा के बिग के भागला से उलोग के पकडे ना सकल गईल वन गस्ती टोली दाबी कईले बा ।
मुवल रतुवा के सिकारीलोग बन्दुक से गोली मारल सुबेदार तिमिल्सिना बतवनी ।
मुवल रतुवा के देह मे ६ गो वन्दुक के गोली के छर्रा लागल तिमिल्सिना बतवनी ।
मुवल रतुवा के स्थानीय भद्र भलादमी, मध्यवर्ती बन क्षेत्र समिति के पदाधिकारीलोग के रोहवर मे माटी मे खोन के हलावल गईल सेक्टर बन कार्यालय बसन्तपुर के रेन्जर सुमन पाण्डे जानकारी देहनी ।





