एसईई के नतिजा ३० असाढ तक परीक्षा बोर्ड मे पुगावेके आदेश

काठमाण्डु १६ असाढ

राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के नतिजा ३० असाढ तक मे परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय मे पुगावे खातिर निर्देशन देहले बा ।

नोवेल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) महामारी के चलते एसईई होखे ना सकला के बाद आन्तरिक मूल्यांकन के आधार मे नतिजा तइयार करके पठावे खातिर निर्देशन देहल गईल बा ।

“शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाईसब विद्यालय से मिलल प्राप्तांक विवरण आ मूल्यांकन समितिद्वारा प्रमाणित करके पठावल प्राप्तांक तालिका भिडाके, प्रयोगात्मक आ सैद्धान्तिक अंक भरल ना भरल, पूर्णांक मुताविक मिलल ना मिलल तथा विवरण प्राप्त भईल विद्यार्थीलोग के राजस्व दस्तुर बुझावल ना बुझावल यकिन करके तीनु उपर प्रमाणित करके सफटकपि अपलोड करेके आ मूल्यांकन समितिद्वारा प्रमाणित करके पठावल प्राप्तांक तालिका के एक प्रति विद्यालय कोड के क्रम मिलाके असाढ ३० गते भितर परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय किलास १० मे जलदी साधनद्वारा पठावेके पडि” बोर्ड कहले बा ।

विद्यालयसब असाढ २० गते भितर शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई मे पठावेके पडि ।

विद्यालयसब “माध्यमिक शिक्षा परीक्षा किलास १० के विद्यार्थी मूल्यांकन नतिजा प्रकाशन तथा प्रमाणीकरण कार्यविधि २०७७” के आधार मे नतिजा तइयार करेके पडि ।

जेठ २८ गते के मन्त्रिपरिषद् बईठक से ई बरीस के खातिर एसईई सञ्चालन ना करेके निर्णय कईला के बाद विद्यालय के प्रधानाध्यापक अध्यक्ष आ सम्बन्धित किलास शिक्षक आ सम्बन्धित माध्यमिक तह के शिक्षकलोग मेसे नियुक्ति के आधार मे सब से ज्येष्ठ शिक्षक प्रतिनिधि सदस्य रहल मूल्यांकन समिति के मूल्यांकन के अधिकार देहल गईल बा ।

मूल्यांकन समिति से तइयार कईल नतिजा के आधार मे राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड हि विद्यार्थीलोग के प्रमाणपत्र दि ।

कोभिड–१९ के चलते सरकार ई बरीस एसईई ना करेके भईला के बाद देशभर ४ लाख ८२ हजार २१९ विद्यार्थी परीक्षा से बञ्चित भईल बाडन ।

२०७६ चईत ६ गते के खातिर तोकल एसईई ५ चईत सँझिया स्थगन भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।